डॉ. मुन्ना पांडेय के मुहिम के भइल असर- गोपालगंज जिला प्रशासन फत्तेबहादुर शाही के नाम के सोझा से हटवलस डाकू के उल्लेख

 भोजपुरी समय, राम प्रकाश तिवारी, गोपालगंज/नई दिल्लीः पिछला डेढ़ बरिस से जवना मुहिम में डॉ. मुन्ना पांडेय लागल रहनी हं ऊ मुहिम के पहिलका चरण आज ओह बेरा पूरा हो गइल जब गोपालगंज जिला प्रशासन जन दबाव में आके अपना आधिकारिक वेबसाइट पर गोपालगंज के बारे में दर्ज उल्लेख में से आजादी के पहिलका लड़ाई से भी पहिले भोजपुरिया क्षेत्र में अंग्रेज आ ईस्ट इंडिया कंपनी के खिलाफ युद्ध के आगाज करे वाला वीर स्वतंत्रता सेनानी महाराजा फत्त्तेबहादुर शाही के बारे में दर्ज गलत आ अपमानजनक जानकारी के हटा दिहलस…

Read More

जमशेदपुर में लागल सीसीटीवीयन के होखी मैपिंग, अपराधियन के पकड़े में होखी आसानी

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः जमशेदपुर के पुलिस आपन तकनीकी दक्षता के बढ़ावे खातिर अब अब प्राइवेट सीसीटीवी के मैपिंग करे के शुरुआत करे जा रहल बिया। बुधवार के बिष्टुपुर थाना परिसर स्थित सभागार में एसएसपी एह प्रोजेक्ट के शुरुआत कइलें। पुलिस विभआग एह प्रोजेक्ट के  ”त्रयंबकम प्रोजेक्ट” नांल धइले बा। एह बइठक में जमशेदपुर पुलिस के सभे आला अधिकारिये के संगे-संगे सभ थाना के थानेदार आउर अन्य पुलिसकर्मी मौजूद मौजूद रहलें। एह दौरान एसएसपी अनूप बिरथरे मौजूद सभे थानेदारन के निर्देश देत कहलें कि ऊ लोग अपना-अपना क्षेत्र में लागल…

Read More