हैदराबाद से मजदूर के शव गांवे अइला के बाद गांव में फइलल मातम

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय,भटकेशरी, सारण: बीतल शुक्रवार दिनांक 18 दिसंबर 2020 के हैदराबाद में निर्माणाधीन पावर प्लांट के चिमिनी से गिरके भटकेशरी निवासी गली प्रसाद के बेटा रमेश प्रसाद के मौत हो गइल रहे। आज जब रमेश के लाश उनकरा पैतृक गांव भटकेशरी पहुंचल त रमेश के परिवार के संगे संगे पूरा गांव में दुख आ गम के लहर पसर गइल। बता दीं की रमेश अपना माई बाबूजी के एकलौता कमाऊ संतान रहले। रमेश अपना पीछा पत्नी गीता देवी , चारगो बेटी आ दूगो बेटा के छोड़ गइल बाड़े।…

Read More

भटकेशरी के फिल्म कलाकार सहदेव साथी के मिलल भिखारी ठाकुर सम्मान

राम प्रकाश तिवारी,भोजपुरी समय, भटकेशरी, सारणः भोजपुरी के शेक्सपियर के नाम से विश्वविख्यात प्रसिद्ध भोजपुरिया नाटककार आ लोक कलाकार स्वर्गीय भिखारी ठाकुर के 133 वां जयंती देश विदेश के संगे संगे भिखारी ठाकुर के पैतृक गांव कुतुबपुर में बहुते धूमधाम से मनावल गइल। एही क्रम में कुतुबपुर में आयोजित एगो समारोह में गड़खा से विधायक सुरेंद्र राम, भिखारी ठाकुर जयंती समारोह आयोजन समिति के अध्यक्ष लल्लन यादव के द्वारा भोजपुरी फिल्मन के उभरत कलाकार सहदेव साथी के भिखारी ठाकुर सम्मान से सम्मानित कइल लोग। बता दीं कि सहदेव साथी सारण…

Read More

जरुरतमंद मरीज के आर्थिक मदद कइलस “टीम इंसानियत जिंदाबाद”

शैलेन्द्र कुमार, जलालपुर, सारणः एह कोरोना महामारी से जब सगरी दुनिया हलकान बा, आ वैश्विक लॉकडाउन से आर्थिक रुप से कमजोर बा। अइसन घड़ी में एगो बिमार के आर्थिक मदद कइल अपना आप में एगो बहुत बड़ काम बा। हालांकि ईहो बात सांच बा कि जब एह समय में धरती पर सभे अपने खुशी खातिर जियता आ करा दोसरा के दुख से तवनो मतलब नइखे तबो कुछ लोग अइसन बा जे अबहीं दुनिया में इंसानियत के जिया के रखले बा। अइसने कुछ युवा लोग के एगो समुह बा जवन बिहार…

Read More

जनता के जागरूकता बनवलख ,जनता कर्फ्यू के सफल

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय/मंटू तिवारी, मशरख/जलालपुर (सारण):- कोरोना वायरस से लडाई में पीएम मोदी के एक पुकार पर जहां देश भर में लोग जनता कर्फ्यू के तहत आज अपना अपना घर में रहल आ सांझ के 5 बजे से 5 मिनट खातिर ताली, थाली, आ शंख बजा के कोरोना सेनानीयन के आभार जतवलस हऽ। अइसन में भला बिहार के छपरा के लोग कइसे पिछा रह जाइत। एह क्रम में जनता कर्फ्यू के साथ देवे में सारण के जलालपुर आ मशरख प्रखंड क्षेत्र के जलालपुर चौक, नगरा रोड़,छपरा रोड, भटकेसरी बाजार…

Read More