भिखारी ठाकुर जयंती पर जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया आयोजित कइलस ऑनलाइन कार्यक्रम

राम प्रकाश तिवारी,भोजपुरी समय, तिनसुकिया आसामः इतिहास में 18 दिसंबर भोजपुरी के शेक्सपियर कहाए वाला लोक कलाकार भिखारी ठाकुर के जन्मदिन के रुप में दर्ज बा। भिखारी ठाकुर के 133 वां जयंती पर जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया संस्था ऑनलाइन काव्य गोष्ठी सह सांस्कृतिक कार्यक्रम के आयोजन कइलस। एह कार्यक्रम के शुरुआत सर्वप्रथम संस्था के फरीदाबाद में रहेवाला केंद्रीय अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी दीया जरा के कइलें। एकरा बाद आसाम में रहे वाली वंदना चौबे भिखारी ठाकुर जी के फोटो पर माल्यार्पण करके कार्यक्रम के आगे बढ़वनी। पूजा प्रसाद के सधल आ सुमधुर…

Read More

जभो जभो के कार्यक्रम में रजनी शाक्या के मिलल तीस्ता सम्मान

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र, गोपालगंजः भोजपुरिया समाज गीत-गवनई के दीवाना ह। गीत- गवनई ना होखे त कवनो भोजपुरिया कार्यक्रम निरस लागेला। कुछ एही तरे के भाव देखेके मिलल भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के तीसरका सालाना महोत्यव में। अइसे त ई महोत्सव दू भाग में आयोजित रहे। जहां पहिला सत्र में कवि सम्मेलन के आयोजन रहे जवना में सुधि श्रोतागण काव्यरस के सागर में जम के डूबलें आ उतरइलें। ऊंहई दूसरका सत्र में कार्यक्रम के आउर सरस बनावे खातिर दूर- दूर से आइल आ क्षेत्रीय…

Read More

भोजपुरी के संस्कृति आ संस्कार के बचावे में जुटल बा जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया परिवार-ज्वाला सिंह

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमही मिश्र, गोपालगंजः  “वहाटस्एप पर शुरु भइल एगो ग्रुप से आज एगो बृहत परिवार में बदल गइल बा जय भोजपुरी झय भोजपुरिया संस्था। ई परिवार आज देश दुनिया में फइलल अपना सवाङंग-सवाङगीन का जरिए माई भाखा भोजपुरी के अश्लीलता से मुक्त करे आ एकरा संस्कार आ संस्कृति के बचावे में जुटल बा।” ई कहनाम रहे सारण भोजपुरिया समाज के सर्वप्रिय अध्यक्ष आ जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के वरिष्ठ सदस्य आ प्रमुख समाजसेवी ज्वाला सिंह के। श्री सिंह सोमार के दिने जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया नामक संस्था के…

Read More

जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के कवि सम्मेलन में कविता के सागर में डुबुकी लगवलें श्रोता

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंजः साफ सुथरा गीत गवनई आ भोजपुरिया संस्कृति के संरक्षण के उद्देश्य से,  साल 2015 में वहाट्सएप पर एगो ग्रुप के रुप में स्थापित आ साल 2017 में न्यास के रुप में देश के राजधानी दिल्ली में पंजीकृत “जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया” परिवार के सालाना सांस्कृतिक आ साहित्यिक महोत्सव-3 के आयोजन बिहार के गोपालगंज जिला के अमहीं मिश्र गांव में भइल। ई आयोजन में हर बरिस के जइसे अबकिरो दूगो सत्र राखल गइल रहे। कार्यक्रम के पहिलका सत्र में जहां संस्था के अध्यक्ष…

Read More

पाती के संपादक वरिष्ठ भोजपुरी साहित्यकार डॉ. अशोक द्विवेदी के मिलल साल 2020 के अंजन सम्मान

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंजः 23 नवंबर 2020 के कोरोनाकाल का डेग-डेग पर बन्हन का बावजूदो अमहीं मिसिर, भोरे, गोपालगंज में इतिहास रचाइल, जब “जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया” के अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी (सपत्नीक) उपस्थित गणमान्य लोग ज्वाला सिंह (अध्यक्ष- सारण भोजपुरिया समाज, वरिष्ठतम सवांग- जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया), विमलेन्दु भूषण पाण्डेय(संस्थापक- सारण भोजपुरिया समाज आ वरिष्ठ परामर्शी- जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया), प्रखरवक्ता जीतेन्द्र द्विवेदी, केशव तिवारी (चुन्नू बाबा), भावेश अंजन, राम प्रकाश तिवारी(संपादक, भोजपुरी समय.डॉट कॉम)  आ अन्य का साथे दीया जरवनीं आ महाकवि “अंजन जी” का चित्र…

Read More

अखण्ड अष्टयाम के संगे शुरू भइल “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3”

शशि प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंज: हरे राम हरे कृष्ण के नाम धुन के मधुर संगीत से सजल अखण्ड अष्टयाम के संगे भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया के तीसरका सालाना “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3” के एतवार के शुरुआत हो गइल। एह मौका पर संस्था के उपाध्यक्ष सुभाष पाण्डेय भोजपुरी समय से बतवनी कि संस्था जय भोजपुरी जय भोजपुरिया के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी हर बरिस छठ के बाद अष्टयाम कराइले। एही कड़ी में पछिला तीन बरिस से संस्था के सालाना महोत्सव के आयोजन भी अष्टयाम के…

Read More

सारण भोजपुरिया समाज ऑनलाइन कवि सम्मेलन से जयंती पर वीर कुंवर सिंह के दिही श्रद्धांजलि

सारण भोजपुरिया समाज ऑनलाइन कवि सम्मेलन से जयंती पर वीर कुंवर सिंह के दिही श्रद्धांजलि भोजपुरी समय, शैलेंद्र तिवारी, सारणः सन 1857 के प्रथम स्वतंत्रता संग्राम भा क्रांति के महानायक बिहार के शान बाबू वीर कुंवर सिंह के आज 243वां जन्मदिन पर सारण भोजपुरिया समाज ऑनलाइन कविगोष्ठी सह गीत गवनई के द्वारा आपन श्रद्धांजलि दिही। एह कार्यक्रम में सारण भोजपुरिय समाज के तमाम सदस्य आ जवना में पूर्वांचल रत्न से सुशोभित हास्य कवि बादशाह प्रेमी, लोकगायिका संजोली पांडेय, प्रीति कुशवाहा आ गायत्री यादव के संगे-संगे यूपी के बलियां से लोकगायक…

Read More