जमशेदपुर में लागल सीसीटीवीयन के होखी मैपिंग, अपराधियन के पकड़े में होखी आसानी

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः जमशेदपुर के पुलिस आपन तकनीकी दक्षता के बढ़ावे खातिर अब अब प्राइवेट सीसीटीवी के मैपिंग करे के शुरुआत करे जा रहल बिया। बुधवार के बिष्टुपुर थाना परिसर स्थित सभागार में एसएसपी एह प्रोजेक्ट के शुरुआत कइलें। पुलिस विभआग एह प्रोजेक्ट के  ”त्रयंबकम प्रोजेक्ट” नांल धइले बा। एह बइठक में जमशेदपुर पुलिस के सभे आला अधिकारिये के संगे-संगे सभ थाना के थानेदार आउर अन्य पुलिसकर्मी मौजूद मौजूद रहलें। एह दौरान एसएसपी अनूप बिरथरे मौजूद सभे थानेदारन के निर्देश देत कहलें कि ऊ लोग अपना-अपना क्षेत्र में लागल…

Read More

जमशेदपुर में पुलिस के मिलल बड़ कामयाबी, 50 हजार के ब्राउन शुगर के संगे दूगो अपराधी गिरफ्तार

जुगसलाई पुलिस ब्राउन शुगर के संगे दूगो अपराधियन के कइलस गिरफ्तार, पुलिस के मौका से मिलल 42 पुड़िया के कीमत 50 हज़ार रुपिया चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः झारखंड के जमशेदपुर के जुगसलाई थाना क्षेत्र में पुलिस के एगो बड़ कामयाबी मिलल। दरअसल सूत्रन से मिलल गुप्त जानकारी के आधार पर पुलिस दूगो नशीला पदार्थन के व्यापार करे वाला शआतिर अपराधियन के पकड़े में कामयाब भइल। पुलिस के मोताबिक मंगर के जुगसलाई थाना पुलिस इलाका के गरीब नवाज कॉलोनी से मो. एहसान आ मो. विक्की के भारी मात्रा में ब्राउन शुगर…

Read More

देवघर से धराइल साइबर अपराधी, चारगो एटीएम कार्ड आ एगो बैंक पासबुक जब्त

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः  जमशेदपुर के साइबर पुलिस के एगो बड़ कामयाबी हाथए लागल बा। साइबर पुलिस के टीम देवघर से एगो साइबर अपराधी पकड़े में कामयाब भइल बा। देवघर में अपराधी के पकड़लला के बाद पुलिस टीम ट्रेन से बुधवार के भोरे-भोरे लेके जमशेदपुर पहुंचल। पुलिस के एह अपराधी के लगे से चारगो एटीएम कार्ड, एगो बैंक पासबुक आ एगो मोबाइल फोन बरामद भइल बा। उहंई एह अपराधी के नाम भास्कर कुमार आ ऊ देवघर के रहेवाला बा। पुलिस के जांज में भास्कर के बैंक खाता में कइगो लेनेदेन…

Read More

जमशेदपुर आ समाज के संगे आगे बढ़ी टाटा समूह– टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन

जमशेदपुर आ समाज के संगे आगे बढ़ी टाटा समूह– टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः भारत के उद्योग जगत के जनक के रुप में विख्यात आ टाटा संस एवं जमशेदपुर नगर के संस्थापक जमशेदजी टाटा के 181वां जन्मदिन पर जमशेदपुर के लोग आपन श्रद्धांजलि दिहल। जमशेदपुर के बिष्टुपुर गोलचक्कर पर स्थित जमशेदजी टाटा के मूर्ति पर टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन, टाटा स्टील के एमडी सह सीइओ टीवी नरेंद्रन, जुस्को के एमडी तरुण डागा समेत तमाम पदाधिकारिगण जमशेदपुरवासियन के संगे  टाटा समूह के संस्थापक के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। एह कार्यक्रम के आयोजन…

Read More

टीएमएच के बंद हो चुकल गेट ना खुली, असामाजिक तत्वन के जमावड़ा रोकल जाई

टीएमएच के बंद हो चुकल गेट ना खुली, असामाजिक तत्वन के जमावड़ा रोकल जाई चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरःटाटा स्टील के एमडी के संगे होखे वाला कार्यक्रम एमडी ऑनलाइन में इहां के प्लांट में काम करे वाला कइगो कर्मचारी कंपनी के एमडी टी.वी. नरेंद्रन से जमके सवाल कइले आ कंपनी के एमडी के द्वारा अपना सवालन के जवाब पा के खुश भी भइलें। एह कार्यक्रम में कोक प्लांट में काम करे वाला करम अली खान सवाल उठवले कि टीएमएच में पहिले दुगो गेट रहे। जवना में से बिष्टुपुर के ओर वाला…

Read More

टाटा स्टील में कर्मचारियन के लइकन खातिर जल्दी निकली वैकेंसी- टीवी नरेंद्रन, एमडी, टाटा स्टील

टाटा स्टील में कर्मचारियन के लइकन खातिर जल्दी निकली वैकेंसी- टीवी नरेंद्रन, एमडी, टाटा स्टील चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः टाटा स्टील में काम कर रहल कर्मचारियन खातिर एगो खुशखबरी बा कि ओह लोग के लइकन खातिर कंपनी जल्दीए वैकेंसी निकाले वाला बिया। एह वैकेंसी में कर्मचारी से लेके ऑफिसर तक हो सकता बहाली। एह बात के जानकारी टाटा स्टील के एमडी टीवी नरेंद्रन अपना लोकप्रिय कार्यक्रम एमडी ऑनलाइन में उठल एगो सवाल के जवाब में दिहलें। नरेंद्रन अपना संबोधन में साफ कइले कि एह साल कर्मचारियन के लइकन खातिर बहाली निकालल…

Read More