सीएसपी संचालकन के संगे थानाध्यक्ष कइलें बइठक

सीएसपी संचालकन के संगे थानाध्यक्ष कइलें बइठक भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,मशरख(सारण): मशरख थानाध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा के अध्यक्षता में सीएसपी संचालकन के संगे हो रहल आपराधिक घटना के मद्देनजर प्रखंड क्षेत्र के सभ बैंकन के सीएसपी संचालकों के बइठक थाना स्तर पर आयोजित भइल। एह मौका पर सीओ ललित सिंह,स्टेट बैंक शाखा प्रबंधक रंजीत कुमार सिन्हा, सेन्ट्रल बैंक ऑफ इंडिया शाखा प्रबंधक संजय सिंह, बंधन बैक शाखा प्रबंधक विश्वास मंडल भी मौजूद रहलें। एह बइठक में थानाध्यक्ष के द्वारा सभे सीएसपी संचालकन के ई निर्देश दिहल गइल हऽ कि ऊ…

Read More

रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर ऑनलाइन कवि सम्मेलन में बहल काव्य रसधार

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहला उपन्यासकार आ सुप्रसिद्धभोजपुरी साहित्यकार स्वर्गीय रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर सारण भोजपुरिया समाज के संगे-संगे भोजपुरी भाषा के सेवा में लागल तमाम संस्था अपना अपना स्तर पर ऑनलाइन कार्यक्रम के आयोजन कइली सं। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु पांडेय बतवनी कि संस्था के द्वारा रामनाथ पांडेयजी के निवास स्थान पर एगो श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल रहल हऽ जहां श्रद्धांजलि दिहला के बाद पांडेयजी के निवास स्थान से दिवाकर उपाध्याय आ लोकगायक शैलेश समदर्शी अपना निर्गुण गीतन…

Read More

भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथी पर आयोजित भइल समारोह

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के जयंती 8 जून से लेके पुण्यतिथि 16 जून तक सोशल मीडिया के माध्यम से कइगो आयोजन भइल हऽ। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के वाट्सएप ग्रुप पर देर रात तक कविता-कहानी, गीत-गजल के दौर चलल त ओहिजा फेसबुक पेज पर भी लाइव कार्यक्रम भइल। सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु भूषण पांडेय बतवलन कि सारण भोजपुरिया समाज के द्वारा स्वर्गीय रामनाथ पाण्डेय के रतनपुरा स्थित निवास पर श्रद्धांजलि कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह मौका पर सारण…

Read More

वाहन चेकिंग अभियान से त्रस्त दोकानदार लोग कइलस विरोध में दोकान बन्द

भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख(सारण): थाना पुलिस द्वारा बाजार क्षेत्र के महावीर चौक पर लॉकडाउन के दिन से ही वाहन चेकिंग अभियान चलवला से त्रस्त दोकानदार मंगर के सांझ के बेरा आपन आपन दोकान बंद क के एकर विरोध जतवलें। रउआ के बता दीं कि ई वाहन चेकिंग ईहां पहिले ना होत रहल हऽ। बाकि कोरोना वायरस संक्रमण के वजह से घोषित लॉकडाउन में जिला से आइल गोरखा बटालियन-1 के जवानन के लेके थानाध्यक्ष द्वारा पुलिस प्वांइट बनावल गइल रहे जवन बाद में वाहन चेकिंग प्वांइट के रूप में इस्तेमाल होखे लागल…

Read More

जो रे करोना- लघुकथा

फगुआ से कुछे दिन पहिले के बात हऽ, जाड़ अब धीरे-धीरे आपन बोरा-झोरा बान्ह के जाए के तइयारी करत रहे। मौसम में तनी तनी ठंडा रहे आ तनी तनी गर्मी भी। एही में एक रात घर के बहरी कुकुर के भूँकला से आज़िज आ के बिशेसर बाबू अपना कोठरी में से बहरा निकलनी कि तनी ताजा हवा खा लीहीं आ इहो देखीं कि कुत्तवा काहे भूँकत बा। अबहीं ऊ अपना घर के बहरी निकलबे कइले कि तबले उनकर नजर सड़क पर मुंहकुरिये गिरल आदमी पर गइल। ई देखते बिशेसर बाबू…

Read More

भोजपुरी भाषा जागरण के अग्रदूत रामनाथ पांडेय। – डॉ०जौहर शफियाबादी

भोजपुरी भाषा के पहिला उपन्यासकार स्वर्गीय पं रामनाथ पांडेय के आज पुण्यतिथि बा। आजुए साल 2006 में ऊंहां के एह संसार से विदा लिहले रहनी। आज ऊंहा के पुण्यतिथि पर भोजपुरी आ हिन्दी के संगे संगे उर्दू के विद्वान सुप्रसिद्ध साहित्यकार गज़लकार आ डॉ डॉ. पी.एन. सिंह कॉलेज छपरा में उर्दू विभागाध्यक्ष डॉ. जौहर शफियाबादी जी अपना लेखनी से आदरणीय पांडेय जी के आपन श्रद्धांजलि अर्पित कर रहल बानी। भोजपुरी भाषा जागरण के अग्रदूत रामनाथ पांडेय। (डॉ०जौहर शफियाबादी) भोजपुरी गद्य साहित्य के नया दशा-दिशा प्रदान करे वाला भोजपुरी के पहिला…

Read More

माटी भरे के दौरान मारपीट में सातगो महिला आ पुरुष भइलें घायल

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः मशरक थाना क्षेत्र के सिसईं गांव में सोमार के सबेरे अपना घर के दुआरी पर माटी भरे के दौरान विवाद में जमके मारपीट भइल। एह घटना में सातगो महिला आ पुरुष गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घायल लोग के पड़ोसी के द्वारा इलाज खातिर मशरख पीएचसी में भर्ती करावल गइल, जहां एह लोग के पहचान स्वर्गीय सकलदेव राय के बासठ बरिस के बेटा लाल बहादुर राय, विजय कुमार यादव के पत्नी रीमा देवी(30 बरिस), लालबहादुर राय के पत्नी सरस्वती देवी(55 बरिस), रूमा कुमारी (22…

Read More

कर्पूरी ठाकुर समाज संघ बाल कटाई आ जन-कल्याण नाई ट्रेड के भइल बइठक

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः मशरक प्रखंड क्षेत्र के चंदेश्वर मोड़ पर कर्पूरी ठाकुर समाज संघ आ जन कल्याण नाई ट्रेड यूनियन प्रखंडस्तरीय बइठक के आयोजन भइल। एह बइठक में मशरख प्रखंड समेत अगल-बगल के पड़ोसी प्रखंड के नाई ट्रेड के लोग भी शामिल भइल। एह बइठक में एक सुर से संघ के मजबूती खातिर शपथ लिहल गइल। ओहिजा नाई ट्रेड से जुड़ल समस्या पर गंभीरता से विचार कइल गइल। समाज के कल्याण खातिर बाल कटाई समेत आ सभ काम के दर बढ़ावे आ समाज के तरक्की खातिर विशेष विचार…

Read More

मशरख में पुलिस द्वारा मुख्य बाजार में वाहन चैकिंग अभियान से बड़ दुर्घटना के आंशका, चैकिंग के कारण दोकानदारन के बिक्री भइल ठप

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः बाकिर बिहार के छपरा जिला के मशरख थाना क्षेत्र के व्यापारी लोग के अबहीं असन कवनो संभआवना नइखे लउकत। एकर कारण बा मशरख थाना पुलिस द्वारा बाजार क्षेत्र के महावीर चौक पर रोज चल रहल वाहन चैकिंग अभियान। एह अभियान के कारण इहां कब्बो कवनो बड़ सड़क दुघर्टना होखे के आंशका बनल बा। जहां पुलिस चैकिंग से आवे जाए वाला लोग के परेशानी हो रहल बा ओहिजा एह दैरान सड़क पर लागे वाला जाम के कारण चैकिंग स्थल के नियरा के दोकानन में ग्राहक के…

Read More

प्रथम परवरिश फाउंडेशन मशरक में कोरोना योद्धन के कइलस सम्मानित

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय,मशरख(सारण): प्रथम परवरिश फाउंडेशन आ नेशनल आरटीआई फोरम संस्था के संयुक्त तत्वाधान में मशरख प्रखंड कार्यालय परिसर में कोरोना काल में ग्राउंड जीरो पर काम कर रहल स्वास्थ्यकर्मी, चिकित्साकर्मी, पुलिस आ प्रशासनिक अधिकारी, मीडियाकर्मी, एंबुलेंस चालक,सफाईकर्मी सहित सामाजिक कार्यकर्त्ता के संस्था अंगवस्त्र आ प्रशस्ति पत्र देके सम्मानित कइलस हऽ। एह दौरान मुख्य रूप से मशरख प्रखंड के सीओ ललित कुमार सिंह,बीडीओ राजीव कुमार सिन्हा, पीएचसी प्रभारी डॉ अनंत नारायण कश्यप, थानाध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा समेत मीडियाकर्मी, एम्बुलेंस चालक, सफाईकर्मी सहित सामाजिक कार्यकर्त्ता लोग सम्मानित भइले हं। एह…

Read More