चीन के धोखा, लद्दाख में 23 जवान शहीद

लद्दाख भारत चीन सीमा विवाद के कारण सोमार रात के पूर्वी लद्दाख ले गलवान घाटी में चीनी सेना के धोखा दिहला के कारन भारत के एगो कर्नल समेत 23 जवान सीमा पऽ शहीद हो गइल बाड़े। चीनी सेना समझौता के बाद धोखा दे के भारतीय सैनिकन पऽ पीछे से पत्थर, कंटइला तार के लाठी से रात के अंधेरा में भारतीय पेट्रोल पार्टी पऽ हमला कऽ दिहलस। एह हमला बिहार रेजीमेंट के कर्नल संतोष बाबू अउरी हवलदार आ सिपाही वीरगति के प्राप्त कइले बाड़े।

Read More

चीन में कोरोना वायरस संक्रमण के दूसरका लहर

नई दिल्ली चीन के सरकारी मीडिया के हिसाब से चीन अब ले कोरोना वायरस संक्रमण पऽ काबू पा गइल रहल हऽ। बाकिर अब खबर आवता कि चीन के बिजिंग शहर में कोरोना वायरस संक्रमण के दूसरका लहर शुरू हो गइल बा। बिजिंग कुछ दिन में बिजिंग में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 36 ममिला सोझा आइल बा। चीन के राष्ट्रीय स्वास्थ्य आयोग (एनएचसी) के अधिकारिन के हिसाब से शनिचर के कोरोना वायरस संक्रमण 57 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एह ममिलन में 38 गो ममिला स्थानिय संक्रमण के कारन…

Read More

लद्दाख: सीमा पऽ भारत-चीन में तनाव बढ़ल

लद्दाख लद्दाख में भारत-चीन के सीमा पऽ जारी विवाद के घटे के बदले बढ़त नजर आवता। भारत अउरी चीन दून्नू अपना-अपना ओर सैनिक अउरी सैन्य सामान बढ़ा रहल बाड़े। भारत अउरी चीन के ओर से एह तनाव के कम करे के परियास हो रहल बा। एह खाती बातचीत चल रहल बा। बाकिर चीन के रुख सकारात्मक नइखे। अपनी विस्तारवादी नीति के कारन आज चीन अपना सगरी पड़ोसी देशन के संगे सीमा विवाद में फंसल बा। भारत, ताइवान, सिंगापुर अउरी वियतनाम के संगे चीन के रोज के झगरा बा।

Read More

लद्दाख में सीमा पऽ भारत-चीन में तनाव जारी

लद्दाख ओपन सोर्स इंटेलिजेंस अनैलिस्ट Detresfa के जारी कइल ताजा सैटलाइट फोटो के हिसाब से चीन के सेना पीपल्स लिबरेशन आर्मी (PLA) लद्दाख में आपन सैन्य गतिविधि बढ़ा रहल बे। चीनी सेना पैंगॉन्ग सो अउरी गोगरा इलाका के सोझा आपन पोजीशन लेले बिया। चीन के गतिविधि के देखत भारत एह क्षेत्र में अपना सैनिकन के संख्या बढ़ा देले बा। हालाँकि कुछ दिन पहिले चीन भारत के संगे गतिरोध कम करे के संकेत देले रहे बाकिर ई लागत बा कि चीन के गतिरोध कम करे के बाद खाली एगो डाइवर्जन रहल…

Read More

भारत-नेपाल विवाद: नेपाल के बातचीत के प्रस्ताव भारत के विश्वास जीते के नसीहत

नई दिल्ली पिछिला कुछ समय से भारत-नेपाल के संबन्ध में तनाव आइल बा। नेपाल में जब से ओली सरकार आइल बे तब से नेपाल भारत के बात-बेबात उकसावत रहता। कुछ दिन पहिले नेपाल चीन के कहला पऽ नेपाल कालापानी सीमा के ले के आपन नया नक्शा जारी कइले रहल जेवना में भारत के क्षेत्र के नेपाल आपन बतावत रहल। भारत के बरियार विरोध कइला के बाद, नेपाल अब भारत से एह मुद्दा पऽ बातचीत करे खाती उतावला हो रहल बा। मालूम होखे के चाहीं कि धारचूला-लिपुलेख सड़क परियोजना के ले…

Read More

चीन अमेरीकी पत्रकारन के निकलस बाहर

China expels US journalists from China

बीजिंग चीन से जेवन सूचना आवत बे ओह हिसाब से चीनी विदेश मंत्रालय एगो विज्ञप्ति जारी कइले बा। ओह विज्ञप्ति के हिसाब से अमेरीका के तीन गो अखबारन से पत्रकारन के चीन से बाहर निकाल दिहल जाई। एह आदेश में न्यूयार्क टाइम्स, वाशिंगटन पोस्ट अउरी द वाल स्ट्रीट जर्नल के पत्रकारन के बाहर निकाले बात बा। ई मानलऽ जाता कि ई चीन ई आदेश अमेरीकी राष्ट्रपति ट्रंप के के ओह आदेश के प्रतिक्रिया में देले बा जेवना में चीन के चार गो सरकारी समाचार चैनलन के पत्रकारन के संख्या के…

Read More

करॉना पुरा दुनिया में फइलल, संक्रमितन के संख्या 30 हजार पार

corona virus

चीनी सरकारी अधिकारिन के हिसाब से करॉना वायरस से मरे वाला लोगन के संख्या 563 हो गइल बा। बाकिर टेनसेंट के एगो रिपोर्ट के हिसाब से ई संख्या 24 हजार से बेसी हो गइल बा। दुनिया भऽ के देशन के आधाकारिक आकाड़ा के हिसाब से सगरी दुनिया में अबले लगभग 30 हजार लोग करॉना वायरस से संक्रमित हो चुकल बा। समाचार एजेंसीन के हिसाब से लगभग 27 देशन में करॉना से संक्रमित मरीज पावल गइल बाड़े।

Read More

करॉना वायरस: वुहान से छात्र रेस्क्यू, कुछ छात्रन के इन्कार

कोरोना वायरस COVID19

वुहान भारत सरकार चीन में फइलल करॉना वायरस के कारन आपन नागरिकन एयरलिफ्ट कऽ रहल बा। एही खाती वुहान विश्वविद्यालय के भारतीय छात्रन के भारत सरकार वापस देश ले आवे के प्रक्रिया शुरू कऽ देले बे। वुहान विश्वविद्यालय के कुछ भारतीय छात्रन के छोड़ि के सगरी छात्रन के एयरलिफ्ट कऽ लिहल गइल बा। कुछ भारतीय छात्र वापस भारत आवे से मना कऽ दिहलन हँ। एकर कारन ओह छात्रन के कमजोर आर्थिक स्थिति बतावल जाता। रिपोर्टन के हिसाब से एह छात्रन के परिवार के खरचा स्कॉलरशिप से मिले वाला पइसा से…

Read More

करॉना वायरस से मरे वालन के संख्या सौ से ऊपर

कोरोना वायरस

बिजिंग चीनी समाचार एजेंसीयन के हिसाब से चीन में करॉना वायरस से मरे वाला मरीजन के संख्या सौ से ऊपर पहुँच गइल बा। चीनी नेशनल हेल्थ कमीशन के हिसाब से चीन में अबले करॉना वायरस से संक्रमित मरीजन के संख्या 2800 से अधिका हो गइल बा। चीन में फइलल खतरनाक करॉना वायरस धीरे-धीरे सगरी दुनिया में आपन पाँव फइलावे  शुरू कऽ देले बा। समाचार सूचना के हिसाब से भारत सहित अनेक देशन में एकर संदिग्ध मरीज पावल गइल बाड़े। अमेरीका अपना नागरिकन से चीन यात्रा से बचे के सलाह जारी…

Read More