गोपालगंज के लइका कइले कमाल, गांवें में बनवले हेलीकॉप्टर

एस के साधु, भोजपुरी समय, गोपालगंजः अगर मन में हौसला होखे आ कुछ करे के जज्बा त आदमी कुछु कर सकत बा। फेर ऊ समुद्र पर पुल बान्हे के काम होखे चाहे हवा में उड़े वाला हेलीकॉप्टर बनावे के काम। एही बात के चरितार्थ करत बिहार के गोपालगंज जिला के बरौली प्रखण्ड के बेलसड़ गांव के दुगो अनपढ़ लइका कुछ अइसन काम कइले बाड़े जवना के बारे में जान के सभे दांते अंगुरी काट रहल बा। धुन के पक्का बेलसड़ गांव के रहे वाला अमरजीत पासवान आ उनकर संघतिया धर्मेन्द्र,…

Read More

जभो जभो के कार्यक्रम में रजनी शाक्या के मिलल तीस्ता सम्मान

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र, गोपालगंजः भोजपुरिया समाज गीत-गवनई के दीवाना ह। गीत- गवनई ना होखे त कवनो भोजपुरिया कार्यक्रम निरस लागेला। कुछ एही तरे के भाव देखेके मिलल भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के तीसरका सालाना महोत्यव में। अइसे त ई महोत्सव दू भाग में आयोजित रहे। जहां पहिला सत्र में कवि सम्मेलन के आयोजन रहे जवना में सुधि श्रोतागण काव्यरस के सागर में जम के डूबलें आ उतरइलें। ऊंहई दूसरका सत्र में कार्यक्रम के आउर सरस बनावे खातिर दूर- दूर से आइल आ क्षेत्रीय…

Read More

जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के कवि सम्मेलन में कविता के सागर में डुबुकी लगवलें श्रोता

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंजः साफ सुथरा गीत गवनई आ भोजपुरिया संस्कृति के संरक्षण के उद्देश्य से,  साल 2015 में वहाट्सएप पर एगो ग्रुप के रुप में स्थापित आ साल 2017 में न्यास के रुप में देश के राजधानी दिल्ली में पंजीकृत “जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया” परिवार के सालाना सांस्कृतिक आ साहित्यिक महोत्सव-3 के आयोजन बिहार के गोपालगंज जिला के अमहीं मिश्र गांव में भइल। ई आयोजन में हर बरिस के जइसे अबकिरो दूगो सत्र राखल गइल रहे। कार्यक्रम के पहिलका सत्र में जहां संस्था के अध्यक्ष…

Read More

पाती के संपादक वरिष्ठ भोजपुरी साहित्यकार डॉ. अशोक द्विवेदी के मिलल साल 2020 के अंजन सम्मान

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंजः 23 नवंबर 2020 के कोरोनाकाल का डेग-डेग पर बन्हन का बावजूदो अमहीं मिसिर, भोरे, गोपालगंज में इतिहास रचाइल, जब “जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया” के अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी (सपत्नीक) उपस्थित गणमान्य लोग ज्वाला सिंह (अध्यक्ष- सारण भोजपुरिया समाज, वरिष्ठतम सवांग- जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया), विमलेन्दु भूषण पाण्डेय(संस्थापक- सारण भोजपुरिया समाज आ वरिष्ठ परामर्शी- जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया), प्रखरवक्ता जीतेन्द्र द्विवेदी, केशव तिवारी (चुन्नू बाबा), भावेश अंजन, राम प्रकाश तिवारी(संपादक, भोजपुरी समय.डॉट कॉम)  आ अन्य का साथे दीया जरवनीं आ महाकवि “अंजन जी” का चित्र…

Read More

अखण्ड अष्टयाम के संगे शुरू भइल “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3”

शशि प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंज: हरे राम हरे कृष्ण के नाम धुन के मधुर संगीत से सजल अखण्ड अष्टयाम के संगे भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया के तीसरका सालाना “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3” के एतवार के शुरुआत हो गइल। एह मौका पर संस्था के उपाध्यक्ष सुभाष पाण्डेय भोजपुरी समय से बतवनी कि संस्था जय भोजपुरी जय भोजपुरिया के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी हर बरिस छठ के बाद अष्टयाम कराइले। एही कड़ी में पछिला तीन बरिस से संस्था के सालाना महोत्सव के आयोजन भी अष्टयाम के…

Read More

डॉ. मुन्ना पांडेय के मुहिम के भइल असर- गोपालगंज जिला प्रशासन फत्तेबहादुर शाही के नाम के सोझा से हटवलस डाकू के उल्लेख

 भोजपुरी समय, राम प्रकाश तिवारी, गोपालगंज/नई दिल्लीः पिछला डेढ़ बरिस से जवना मुहिम में डॉ. मुन्ना पांडेय लागल रहनी हं ऊ मुहिम के पहिलका चरण आज ओह बेरा पूरा हो गइल जब गोपालगंज जिला प्रशासन जन दबाव में आके अपना आधिकारिक वेबसाइट पर गोपालगंज के बारे में दर्ज उल्लेख में से आजादी के पहिलका लड़ाई से भी पहिले भोजपुरिया क्षेत्र में अंग्रेज आ ईस्ट इंडिया कंपनी के खिलाफ युद्ध के आगाज करे वाला वीर स्वतंत्रता सेनानी महाराजा फत्त्तेबहादुर शाही के बारे में दर्ज गलत आ अपमानजनक जानकारी के हटा दिहलस…

Read More

तेजस्वी यादव कइलें सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग

भोजपुरी समय, पटना डेस्कः गोपालगंज में कुछ दिन पहिले भइल तिहरा हत्याकांड के लेके आक्रामक तेवर अपना चुकल नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आज गोपालगंज मार्च के आह्वाहन कइले रहले हं। जेकरा के प्रशासन के सख्त रुख संभवना होखे दिहलस। एकरा बाद बिहार विधानसभा अध्यक्ष विजय कुमार चौधरी से मुलाकात के बादो एह मामला में नरम नइखन पड़ल। तेजस्वी यादव स्पीकर विजय चौधरी से मुलाकात के बाद कहले कि विधानसभा अध्यक्ष से ऊ सदन के विशेष सत्र बोलावे के मांग कइले बानी। तेजस्वी यादव कहले हं कि बिहार में कानून व्यवस्था…

Read More

गोपालगंज तिहरा हत्याकांड: तेजस्वी यादव के मार्च के पुलिस पटना में रोकलस

गोपालगंज में भइल तिहरा हत्याकांड के विरोध में तेजस्वी यादव के गोपालगंज मार्च के पुलिस पटना में ही रोकलस, सात घंटा ले चलल ड्रामा भोजपुरी समय, पटना डेस्कः बिहार विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव आ उनका पार्टी राष्ट्रीय जनता दल के गोपालगंज मार्च के ड्रामा शुकवार के करीब सात घंटा ले चलत रहल। पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी के सरकारी आवास के बहरी राजद नेता, विधायक आ कार्यकर्ता करीब सात घंटा ले जिला प्रशासन आ पुलिस के संगे संघर्ष करत रहृले। इहाँ तक कि पूर्व मुख्यमंत्री राबड़ी देवी,  पूर्व स्वास्थ्य…

Read More

सरस्वती पूजा खातिर पूरा जिला में “पूजा के दिन से मूर्ति भसान तक रही कड़ा चौकसी”

भोजपुरी समय, गोपालगंज सरस्वती पूजा खातिर पूरा जिला में “पूजा के दिन से मूर्ति भसान तक रही कड़ा चौकसी”। एह दौरान पूरा जिला में पर्याप्त संख्या में सुरक्षा बलन के संगे दंडाधिकारी लोग के भी तैनात कइल जाई। एकरा अलावा पहिलहीं से चिन्हित कइल गइल संवेदनशील जगहन पर कड़ा चौकसी बरतल जाई। जिलाधिकारी के अध्यक्षता में आयोजित बइठक में सभे थाना क्षेत्रन में बइठक कर शांति समिति के गठन करे के निर्देश जारी कइल गइल बा। असों 30 जनवरी के सरस्वती पूजा के देखत जिलाधिकारी अरशद अजीज  पूजा पंडालन के…

Read More