जमशेदपुर में लागल सीसीटीवीयन के होखी मैपिंग, अपराधियन के पकड़े में होखी आसानी

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः जमशेदपुर के पुलिस आपन तकनीकी दक्षता के बढ़ावे खातिर अब अब प्राइवेट सीसीटीवी के मैपिंग करे के शुरुआत करे जा रहल बिया। बुधवार के बिष्टुपुर थाना परिसर स्थित सभागार में एसएसपी एह प्रोजेक्ट के शुरुआत कइलें। पुलिस विभआग एह प्रोजेक्ट के  ”त्रयंबकम प्रोजेक्ट” नांल धइले बा। एह बइठक में जमशेदपुर पुलिस के सभे आला अधिकारिये के संगे-संगे सभ थाना के थानेदार आउर अन्य पुलिसकर्मी मौजूद मौजूद रहलें। एह दौरान एसएसपी अनूप बिरथरे मौजूद सभे थानेदारन के निर्देश देत कहलें कि ऊ लोग अपना-अपना क्षेत्र में लागल…

Read More

देवघर से धराइल साइबर अपराधी, चारगो एटीएम कार्ड आ एगो बैंक पासबुक जब्त

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः  जमशेदपुर के साइबर पुलिस के एगो बड़ कामयाबी हाथए लागल बा। साइबर पुलिस के टीम देवघर से एगो साइबर अपराधी पकड़े में कामयाब भइल बा। देवघर में अपराधी के पकड़लला के बाद पुलिस टीम ट्रेन से बुधवार के भोरे-भोरे लेके जमशेदपुर पहुंचल। पुलिस के एह अपराधी के लगे से चारगो एटीएम कार्ड, एगो बैंक पासबुक आ एगो मोबाइल फोन बरामद भइल बा। उहंई एह अपराधी के नाम भास्कर कुमार आ ऊ देवघर के रहेवाला बा। पुलिस के जांज में भास्कर के बैंक खाता में कइगो लेनेदेन…

Read More