इंग्लैंड के खिलाफ दो टेस्ट खाती टीम इण्डिया के घोषणा

भोजपुरी समय, खेल डेस्क भारत के मेजबानी में इंग्लैंड खिलाफ होखे वाला चार टेस्ट के सीरीज के पहिला दू टेस्ट खाती बीसीसीआई के चयन समिति टीम इण्डिया के घोषणा कऽ देले बे। पहिला टेस्ट 5 से 9 फरवरी अउरी दूसरा टेस्ट 13 से 17 फरवरी चैन्नै के एमए चिदम्बरम स्टेडियम में होई। तीसरा आ चौथा टेस्ट अहमदाबाद के मोटेरा स्टेडियम में 24 से 28 फरवरी आ 4 से 8 मार्च के बीच होई। टीम: विराट कोहली (कप्तान), रोहित शर्मा, मयंक अग्रवाल, शुभमन गिल, चेतेश्वर पुजारा, अजिंक्य रहाणे (उपकप्तान), केएल राहुल,…

Read More

भारत 2-1 से जीतलस ऑस्ट्रेलिया सीरीज

भोजपुरी समय, खेल डेस्क ब्रिस्बेन के गाबा मैदान में टीम इण्डिया जबरजस्त खेल के प्रदर्शन करत इतिहास रचि देले बे। भारतीय क्रिकेट टीमअजिंक्य रहाणे के कप्तानी में ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ 2-1 टेस्ट सीरीज जीत लेले बा। भारत लगातार दूसरी बेर टेस्ट सीरीज में ऑस्ट्रेलिया के ऑस्ट्रेलिया में हरवले बा। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अन्तिम आ चौथा मैच के पाँचवा दिने टीम इण्डिया मजबूती से खेलत 3 विकेट से मैच जीतलस।ॠषभ पंत के बिना ऑउट भइले 89 रन बनवला खाती मैन ऑफ द मैच अउरी ऑस्ट्रेलिया के पैट कम्मिन्स के मैन ऑफ…

Read More

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ टीम इण्डिया जीत के ओर

भोजपुरी समय, खेल डेस्क ब्रिस्बेन के गाबा मैदान में टीम इण्डिया जबरजस्त खेले के प्रदर्शन करत इतिहास रचे के मोहाना पऽ खड़ा बे। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अन्तिम आ चौथा मैच के पाँचवा दिने टीम इण्डिया मजबूती से खेल रहल बे। 75 ओवर में तीन विकेट गवाँ के भारत अबले 218 रन बना ले ले बा। भारत के जीते खाती अब 112 रन  अउरी बनावे के बा। चेतेश्वर पुजारा 52 रन अउरी ऋषभ पंत 32 रन बना के खेल रहल बाड़े। भारत पहिला पारी में ऑस्ट्रेलिया के 369 रन के खिलाफ…

Read More

कोरोना के कारन आईपीएल 18 अप्रैल ले स्थगित

IPL Postponed

मुम्बई कोरोना के महामारी घोषित भइला के बाद लगभग आधा देश बन्द हो गइल। कोरोना के बढ़त प्रकोप के कारन आईपीएल के 13वां एडिशन आयोजन मार्च से टाल के 15 अप्रैल शुरू करे के योजना बनल बा। कोरोना वायरस प्रकोप के कारन भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) काल्ह शुक के मीटिंग में आईपीएल अब 29 मार्च के बदले 15 अप्रैल से शुरू करे निरनय लिहुवे। 🚨Announcement🚨: #VIVOIPL suspended till 15th April 2020 as a precautionary measure against the ongoing Novel Corona Virus (COVID-19) situation. More details ➡️ https://t.co/hR0R2HTgGg pic.twitter.com/azpqMPYtoL —…

Read More

कोरोना: भारत – साउथ अफ्रीका वनडे सीरीज के बाकी के दुन्नू मैच रद्द

India-South Africa ODI Series Rescheduled

मुम्बई कोरोना वायरस प्रकोप के कारन भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के काल्ह दिन शुक के मीटिंग भउवे। एह मीटिंग में बीसीसीआई भारत अउरी अफ्रीका के बीच होखे वाला तीन वनदे मैचन के सीरीज के बाकी के दूगो मैच रद्द कऽ देले बे। 12 मार्च के धर्मशाला में होखे वाला पहिला वनडे मैच बारिश के कारन रद्द हो गइल रहे। दूसरा मैच 15 मार्च के लखनऊ में होखे वाला रहल हऽ तऽ तीसरा मैच 18 मार्च के कोलकाता में प्रस्तावित रहल हऽ। NEWS: BCCI, CSA announce the rescheduling of the…

Read More

शूटिंग वर्ल्ड कप टलल, ओलम्पिक क्वालिफायर्स रद्द, आईपीएल 2020 पऽ शुबहा

बीसीसीआई आईपीएल

मुम्बई कोरोना वायरस संक्रमण के देखत भारत में होखे वाला शूटिंग वर्ल्ड कप मई ले टल गइल बा। ओहीजा टोकियो ओलम्पिक के क्वालिफायर्स रद्द हो गइल बा। कोरोना वायरस के प्रभाव के देखत अब शुबहा जतावल जाता कि हो सकेला कि मार्च के आखिर में होखे वाला अगिला क्रिकेट आईपीएल 2020 टल सकेला। हालाँकि बीसीसीआई के अध्यक्ष पूर्व भारतीय कप्तान सौरभ गांगुली काल्ह शुक के अपनी बयान में कहल कि आईपीएल के 29 मार्च के अपना समय से शुरू होई। एह खाती सभकरा से बात हो रहल बा अउरी बीसीसीआई…

Read More

T20: IND vs NZ हैमिल्टन में भारत के लगे हैट्रिक मोका

टीम इंडिया अउरी न्यू जीलैंड के बीच टी20 के 5 मैचन के सीरीज के तीसरा मुकाबला आज दुपहरिया 12:20 हैमिल्टन में खेलल जाई। एह मैच में भारत के लगे जीत के हैट्रिक बनावे के बढ़िया मोका बा। एकरा से पहिले ऑकलैंड में भइल दून्नू मैचन में भारत न्यूजीलैंड खिलाफ जीत हाशिल कइले बा।

Read More

टीम इंडिया के न्यूजीलैण्ड के खिलाफ टी-20 में 2-0 बढ़त

ऑकलैण्ड लोकेश राहुल के धुँआधार अर्द्धशतक (57) के सहजोग से टीम इंडिया न्यूजीलैण्ड  के खिलाफ पाँच टी-20 सीरिज में 2-0 बढ़त बना ले ले बे। न्यूजीलैण्ड पहिले बल्लेबाजी करत करती ओवर में मेंड विकेट पऽ 132 रन बनवलस। 132 रन पीछा करत टीम इंडिया 17.3 ओवर में 3 विकेट पर 135 बना के जीत हाशिल कइलस। मैन ऑफ़ द मैच लोकेश नाबाद रहत 57 रन बनवलन तऽ अय्यर 44 रन के जोगदान कइलन। राहुल अय्यर के जोड़ी 86 रन जोड़े में कामयाब रहुए। शिवम दूबे नाबाद (8) विजयी छक्का लगवलें।…

Read More

दूसरका टी-20 में भारत के मिलल 133 रन के लक्ष्य

ऑकलैंड पहिलका मैच में न्यूजीलैंड के बल्लेबाजन के हाथे मैदान में भइल कुटाई से सबक सीखके आज भारतीय गेंदबाज एकदम सोच-समझ के रणनीति के तहत गेंदबाजी कइलहन। एकदम कसल गेंदबाजी के आगे न्यूजीलैंड के टीम के कुल्ह महारथी लो बेबस आ लाचार नजर आइल। कप्तान विलियमसन के टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करे के फैसला मैच के पहिलका ओवर में ही न्यूजीलैंड के द्वारा 13 रन बनवला से एकबारगी सही साबित होखत लागल, बाकिर ओकरा बाद के कवनो ओवर में न्यूजीलैंड के बल्लेबाज कवनो कमाल ना देखा पवलन आ जहां पहलका…

Read More