उखड़त साँस-वेंटिलेटर पर आपूर्ति तन्त्र

उखड़त साँस-वेंटिलेटर पर आपूर्ति तन्त्र जग जाहिर बा कि हमनीके देश मे प्राणवायु कहाये वाला ऑक्सीजन के माने मेडिकल ऑक्सिजन के उत्पादन खपत से अधिका होला, एक महीना पहिले के उत्पादन के आंकड़ा एकर प्रत्यक्ष प्रमाण बा। लेकिन अइसन का भइल की एकर किल्लत आजकाल देश के मीडिया के सुर्खी बनल बा। समय पर एकर उपलब्धता ना होखला के चलते करीब सैकड़न लोग के असमय जीवन के दिया बुता गइल। स्थानीय प्रसाशन से लेके आला अधिकारी मुख्यमंत्री से लेके प्रधानमंत्री तक के एकर आपूर्ति पर नजर बा। उच्च न्यायालय भी…

Read More

तरैया प्रखंड में मिलले 14गो कोरोना पॉजिटिव, कुल संख्या दू दर्जन के लगे चंहुपल

धर्मेंद्र पांड़ेय, भोजपुरी समय, तरैया,सारणः बिहार के सारण जिला के तरैया प्रखंड में कोरोना धीरे-धीरे आपन गोड़ पसारे के शुरु कर दिहले बा। बाकिर लोग अबहींयो नइखे चेतत आ ना डेराते बा।बता दीं कि राज्य सरकार के आदेश से प्रदेश भर में सब शिक्षण संस्थान बंद हो गइल बाडीं सं। बाकिर तरैया में अबहीयों कुछ प्राइवेट शिक्षण संस्थान धड़ल्ला से चल रहल बा। प्रखंड के अधिकतर लोग कोरोना गाइडलाइन के पालन नइखे करत। बियफे के प्रखंड में कुल 197 लोग के जांच भइल। जवना में से  14 लोग कोरोना पॉजिटिव…

Read More

कोरोना पर भारी सतुआन

कोरोना महामारी देश के कुछ हिस्सा में अपना पूरा सबाब पर बा, ताण्डव मचवले बा, के कब एकरा चपेट में आ जाइ केहू नइखे जानत, एहतियात बरतल त जरूरी बटले बा, साथे साथ टीकाकरण भी चल रहल बा, उहो लगावल समय के जरूरत बा । एह धरा धाम पर कुछउ स्थायी नइखे, जे आइल बा ओके जहिं के परी। हं समय अनिश्चित बा। ई कोरोना भी जाइ, जहिं के परी, समय के पंक्षी कहाँ रुके वाला उ त उड़ते रही, अइसन समय में आइल सतुआन, उत्सवधर्मिता त हमनीके नश नश…

Read More

“सारण पीपुल वर्चुअल सम्मान” के नांव से ऑनलाइन आयोजित भइल मां यूथ ऑर्गेनाइजेशन के “सारण सम्मान समारोह”

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, जी.एस. बंगरा, सारणः कोरोना महामारी के चलते होखे वाला नोकसान के बात कइल जाव त कई गो अइसन मौका ई महामारी आ एकरा चलते लागल सरकारी रोक समाज से छीन लेले बा जवना के भरपाई कइल संभव नइखे। एह क्रम में अगर बात कइल जाव जिला के सामाजिक संस्था माँ यूथ ऑर्गेनाईजेशन द्वारा पछिला कई बरिस से जनवरी के महिना में आयोजित हो रहल ” सारण सम्मान समारोह” के, त अबकी बार कोरोना काल के दृष्टिगत राखत संस्था एह कार्यक्रम के “सारण पीपुल वर्चुअल सम्मान”…

Read More

महामारी पर भारी आस्था आ विश्वास, डूबत सुरुज के अरघ के बाद अब भोर में सुर्योदय के इंतजार

भोजपुरी समय डेस्क: जब बात आस्था आ विश्वास के होला त ओकरा आगे बड़ से बड़ बेमारी आ प्रतिबंधन के कवनो मतलब ना रह जाला। आस्था आ विश्वास के संगे शुरू भइल चार दिनी छठ महापर्व के तीसरका दिने पछिम में अस्तांचल में जात सू्र्य के अरघ के संगे व्रती लोग आज के पूजा कइल संपन्न। काल्ह सबेरे भगवान भास्कर से जल्दी उदित होखे के निहोरा के संगे घाट से लवटले व्रती आ श्रद्धालु। जब माथ पर अरघ के कलसुप आ सूप से भरल दउरा के संगे व्रती आ उनका…

Read More

जो रे करोना- लघुकथा

फगुआ से कुछे दिन पहिले के बात हऽ, जाड़ अब धीरे-धीरे आपन बोरा-झोरा बान्ह के जाए के तइयारी करत रहे। मौसम में तनी तनी ठंडा रहे आ तनी तनी गर्मी भी। एही में एक रात घर के बहरी कुकुर के भूँकला से आज़िज आ के बिशेसर बाबू अपना कोठरी में से बहरा निकलनी कि तनी ताजा हवा खा लीहीं आ इहो देखीं कि कुत्तवा काहे भूँकत बा। अबहीं ऊ अपना घर के बहरी निकलबे कइले कि तबले उनकर नजर सड़क पर मुंहकुरिये गिरल आदमी पर गइल। ई देखते बिशेसर बाबू…

Read More

कोविड-19 अपडेट: 33 राज्य, 124747 मरीज, 3726 मरीज मरलन

coronavirus कोरोना वायरस

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 33 राज्यन में फइल गइल बा। आज 23 मई के सबेरे 9 देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 124747 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। एह मरीजन में कुल्ह 51807 मरीज ठीक हो गइल बाड़े। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 3726 मरीजन के मउत हो गइल बा। पिछिला कुछ दिनन से कोरोना संक्रमण के केसन में अचानक बढ़ोत्तरी भइल बा बाकिर सभसे बढ़िया के बात ई बा कि अबले कुल्ह केसन के 41।5 प्रतिशत मरीज ठीक हो गइल बाड़े…

Read More

कोविड-19 अपडेट: 32 राज्य, 40262 मरीज, 1306 मरीज मरलन

कोरोना वायरस COVID19

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि अब भारत के 32 राज्यन में फइल गइल बा। आज 30 अप्रैल देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 40262 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। पिछिला कुछ दिनन से कोरोना संक्रमण के केस में अचानक बढ़ोत्तरी भइल बा बाकिर सभसे बढ़िया के बात ई बा कि ओही गति से ठीक होखे वाला लोगन के संख्या बढ़ल बा। एह मरीजन में से 1306 मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 12296 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल…

Read More

कोविड-19 अपडेट: 32 राज्य, 33610 मरीज, 1075 मरीज मरलन

coronavirus outbreak कोरोना वायरस

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि अब भारत के 32 राज्यन में फइल गइल बा। आज 30 अप्रैल देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 33610 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। पिछिला कुछ दिनन से कोरोना संक्रमण के केस में अचानक बढ़ोत्तरी भइल बा बाकिर सभसे बढ़िया के बात ई बा कि ओही गति से ठीक होखे वाला लोगन के संख्या बढ़ल बा। एह मरीजन में से 1075 मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 9915 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल…

Read More

कोविड-19 अपडेट: 32 राज्य, 24506 मरीज, 775 मरीज मरलन

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि अब भारत के 32 राज्यन में फइल गइल बा। आज 25 अप्रैल देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 24506 गो कंफर्म ममिला सोझा आइल बा। पिछिला कुछ दिनन से कोरोना संक्रमण के केस में अचानक बढ़ोत्तरी भइल बा बाकिर सभसे बढ़िया के बात ई बा कि ओही गति से ठीक होखे वाला लोगन के संख्या बढ़ल बा। एह मरीजन में से 775 मरीजन के कोरोना संक्रमण के कारन मउत हो गइल बा। सभसे बेसी संक्रमण के कुल्ह 6817 गो ममिला महाराष्ट्र में पावल…

Read More