पड़ोसी के रहते मशरक थानेदार दिहले मानवता के परिचय, कान्हे लाग के करवले मृतक के दाह संस्कार

धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरक, सारणः  हिंदू धर्म के परंपरा के अनुसार आजो कइगो अइसन काम बा जवन खाली घर के लोग चाहे पड़ोसीए कर सकेले, बाकिर कोरोना बेमारी के भय से शहर में त छोड़ीं गांवो-जवार में  लोग केहू के मृत्यु होखला पर गांव-घर छोड़के फरार हो जा रहल बाडें। अइसन में पुलिस आ प्रशासने आगे आके लोग के सहायता कर रहल बा। कुछ अइसने मामला बिहार के सारण जिला के मशरक प्रखंड में ओह बेरा देखे के मिलल जब एगो ग्रामिण के मृत्यु भइला पर मशरक थानाध्यक्ष ओकरा…

Read More

अफवाह के आग से घिरल कोरोना वैक्सीन

कोरोना महामारी के संक्रमण के चलते अदमी के जिंदगी कटाह बन गइल रहल ह आ अबहियो बिपत ओराइल नइखे। जिन्दगी पर उदासी के बदरी घनघोर घेरले बा। अपना देश मे आपन वैक्सीन ईजाद भइला से उमीद के किरण लउकल बा आ बदरी अब गते गते छँटे लागल बिया। भारत अपना बलबुते दुनिया के सबसे बड़हन टीकाकरण अभियान देश के प्रधानमंत्री मंत्री के हाथे “सर्वे भवन्तु सुखिनः, सर्वे भवन्तु निरामयाः” के महामंत्र के साथे श्री गणेश क के कोरोना के खिलाफ निर्णायक जंग के एलान कई दिहलस। पहिला चरण में करीब…

Read More

वैक्सीन पर राजनीती काहे?

एक ओर जहां दुनिया भर में कोरोना वायरस के संक्रमण से बचे खातिर तरह तरह के दवाई आ वैक्सीन के खोज हो रहल बा। ओहीजा भारत में दूगो वैक्सीन के आपातकालीन मंजूरी मिलला आ एकरा बाद व्यापक रुप से एकरा टीकाकरण अभियान के शुरुआत भइला के बाद, जहां देश के जनता के संगे संगे कइगो दोसरो देश में उम्मेद आ विश्वास के किरिन जागल बा। त ओहिजा अपना देश में एह मामला में अब राजनीति के मिलावट हो गइल बा। मुख्य विपक्षी दल कांग्रेस सहित कई पार्टीयन के नेता एह…

Read More

महामारी से कर्म स्थल पर बदलाव

सागर से मिले खातीर अपना उद्गम के स्थान से सागर की ओर बहत नदी के धारा के गति के कवनो बाधा रोके में कामयाब त होखबे ना करे । बाधा केतनो बड़ियार होखे उ आपन रास्ता खुदे बना लेले । हँ बाकी जवार भाटा के चलते नदी के बहाव के दिशा में परिवर्तन जरूर देखें के भेटाला। लेकिन समय के पहिया के गति के दिशा में बदलाव सम्भव नइखे। उ आगहीं मुहें बढेला , चाहे समय केतनो कटाह बा मुश्किल होखे, बीतेला जरूर। देंखि ना हँसत बिहँसत सामान्य जीनिगी के…

Read More

पीएम मोदी जनता से कहलें “प्रोपेगेंडा-अफवाह से बचे जनता”

पीएम मोदी कोरोना वॉरियर्स के इयाद करत भइलें भावुक, जनता से कहलें “प्रोपेगेंडा-अफवाह से बचे जनता” राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः कोरोना टीकाकरण अभियान के शुरुआत करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश के नांवे अपना संबोधन के दौरान ओह स्वास्थ्यकर्मियन के इयाद करत भावुक हो गइले, जे कोविड संक्रमण के चपेट में आके कबो घरे ना लवट पवले। प्रधानमंत्री दिवंगत स्वास्थ्यकर्मियन के इयाद करत अपना संबोधन में कहले कि, ‘हमनी के सैंकड़ों साथी अइसनो बाड़े, जे लवट के घर ना आ पवले। प्रधानमंत्री अपना संबोधन में आगे कहलें कि, हमनी…

Read More

पीएम मोदी कइले कोरोना वैक्सीनेशन अभियान के शुरुआत

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः देश में आज कोरोना वायरस के खिलाफ वैक्सीनेशन अभियान के शुरुआत हो गइल। देश में टीकाकरण के शुरुआत से पहिले प्रधानमंत्री मोदी देशवासियन के संबोधित कइले। अपना संबोधन में ऊ कहलें कि वैक्सीन लगवला के बादो कवनो तरे के लापरवाही नइखे बरते के। पीएम मोदी लोग से अपील कइले बाड़े कि सभे लोग वैक्सीनेशन के दौरान कोरोना प्रोटोकॉल के पालन करस। ऊ कहले कि, “भारत चौबीसों घंटा सतर्क रहल, हमनी सही समय पर सही फैसला कइनी।” एकरा से पहिले प्रधानमंत्री कहनी कि भारत…

Read More

कोविड-19: 35 राज्य 3,81,091 मरीज

नई दिल्ली कोरोना के संक्रमण बढ़ि के अब भारत के 35 राज्यन में फइल गइल बा। आज 18 जून के रात ले देश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 3,81,091 गो कंफर्म ममिला हो गइल बा।  एह मरीजन में से कुल्ह 2,05,182 मरीज ठीक हो गइल बाड़े आ 1,63,258 मरीजन के इलाज चल रहल बा। बाकिर एह बेमारी से कुल्ह 12,605 मरीजन के मउत हो गइल बा। एह मरीजन में से कुल्ह 1,20,504 मरीज अकेले महाराष्ट्र राज्य से बाड़े। आज 17 जून के कुल्ह 13,826 नया मरीजन के मिललन आ…

Read More

कोरोना वायरस: उत्तर प्रदेश में कोरोना के कुल्ह केस 15,785

लखनऊ पिछिला 24 घंटा में 18 जून रात ले उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी कुल्ह 604 गो केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद उत्तर प्रदेश में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 15,785 केस हो गइल बा। आज उत्तर प्रदेश में कुल्ह 5,659 केस एक्टिव बा अउरी अबले 9,638 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। आज 399 मरीज डिस्चार्ज भइलें हँ। बाकिर 23 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के 488 हो…

Read More

बलिया में कोरोना वायरस के 72 मरीज, रिकवरी रेट 83.3%

बलिया बलिया में 17 जून के कोरोना वायरस संक्रमण के 4 गो नया ममिला सोझा आइल बा। एकरा बाद अब बलिया में करोना के कुल्ह 72 गो मरीज हो गइल बाड़ें। अब ले 60 मरीज ठीक भइला बाड़ें। बलिया में कोरोना वायरस संक्रमण के 40वां दिन हऽ अउरी रिकवरी रेट 83.33% हो गइल बा। सबसे बढ़िया बात ई बा कि बलिया में मरीज 7-11 दिन में ठीक हो रहल बाड़े जबकि राष्ट्रीय औसत लगभग 14-18 बा। बलिया 10 मई 2020 ले ग्रीन जोन रहल। 11 मई के पहिला केस आइल…

Read More

कोरोना वायरस: दिल्ली में 2,877 केस बढ़ल, कुल्ह संख्या 49979

नई दिल्ली पिछिला 24 घंटा में 18 जून रात ले दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के अबले के सभसे बेसी सभसे बेसी 2,877 केस बढ़ल बा। एह केसन के बढ़ला के बाद दिल्ली में कोरोना वायरस संक्रमण के कुल्ह 49,979 केस हो गइल बा। आज दिल्ली में कुल्ह 26,669 केस एक्टिव बा अउरी अबले 21,341 लोग डिस्चार्ज हो गइल बा। बाकिर पिछिला 24 घंटा में 18 जून रात ले दिल्ली में 65 मरीजन के मृत्यु भइला के बाद कोरोना वायरस के संक्रमण से मरे वाला लोगन के संख्या बढ़ि के…

Read More