बजट 2020: पीपीपी मॉडल पऽ 150 ट्रेन चलिहन सऽ

नई दिल्ली शनिचर के पेश भइल केन्द्रीय बजट 2020 में सरकार रेलेवे के 70,00 करोड़ रुपिया के आवंटन कइले बे। ई खर्च पिछला वर्ष के तुलना में तीन प्रतिशत अधिका बा। संगहीं पीपीपी मॉडल के तहत देश के अलग-अलग राज्यन में तेजस नियर अउरी 150 ट्रेन चलावे एलान भइल बा। एह ट्रेनन के अलग-अलग राज्यन के पर्यटन स्थलन से जोड़ल जाई। बजट में वित्तमंत्री निर्मला सीतारमण एलान कइली हऽ कि नीजी क्षेत्र के मदद से 4 रेलवे स्टेशनन के पुर्नविकास कऽ के अत्याधुनिक बनाई।

Read More

बजट 2020: निफ्टी 300 अंक अउरी सेंसेक्स 987 अंक गिरल

मुम्बई वित्तीय वर्ष 2020-21 के बजट के पेश भइला के बाद शेयर बाजार उम्मीद खिलाफ जबरजस्त गिरावट देखवल हऽ। सेंसेक्स में लगभग 1000 अंक ज्यादा के गिरावट भइल जेवन बाद में बढ़ि के 987।96 अंक के गिरावट के संगे 39735।53 अंक पऽ बन भउवे। ओही जा निफ्टी में 300 अंक से अधिका के गिरावट देखल गउवे जेवन बाद में 300.25 अंक के गिरावट के संगे 11661।5 अंक पऽ बन भउवे। व्यवसाय एह बजट से बहुत तरह के सुविधा के उम्मीद लगवले रहलन सऽ। बाकिर सरकार सगरी माँग ना पुरा कइलस।…

Read More

केन्द्रीय बजट 2020

नई दिल्ली आज केन्द्रीय वित्तमंत्री निर्मला सीतारमण लोकसभा में वित्तीय वर्ष 2020-21 खाती बजट पेश कइली हऽ। एह बजट में सभकरा खाती कुछ ना कुछ बा। देखीं यातायात सरकार यातायत संरचना खाती ₹1.7 करोड़ हाईवे अउरी रेलवे के विकास खाती खरच होई। मुम्बई-दिल्ली एक्सप्रेस वे के अलावा दूगो अउरी एक्सप्रेसवे के विकास 2023 से होई। 100 नया एयरपोर्ट के विकास होई आ जहाजन के संख्या दुगुना कइल जाई। खेती अउरी सिंचाई खेती अउरी सिंचाई के क्षेत्र में आधारभूत संरचना के विकास खाती सरकार अगामी वित्तीय वर्ष में ₹2.83 लाख करोड़…

Read More