देशी आंदोलन में लागल बिदेशी तड़का

agriculture in India

देश के बुढ़वा लोकतंत्र में पढ़ल लिखल साहब कहाये वाला समाज से सम्बन्ध राखे वाला लोग के जाहिल नीयन हिंसा के तसवीर पूरा दुनियाँ देखलस आ खुबे किरकिरी आ शिकायत भइल एह कृत्य के। सत्ता हस्तांतरण के समय अइसन उत्पात के नाजिर कमें देखे के मिलेला इतिहास में। शर्मसार भइल अइसन देश जेकर सम्मान आजुवो पूरा दुनियाँ करेला। अभी एह घटना जेहन से मिटल ना रहे । तबे दुनियाँ के बड़हन लोकतंत्र में नावा कृषि कानून के बिरोध में महीनन से देश के राजधानी दिल्ली के बॉर्डर पर धरना पर…

Read More

किसान यूनियनन के जिद के कारण नइखे बढ़ पावत बातचीत : कृषि मंत्री तोमर

नई दिल्ली, समाचार डेस्क, भोजपुरी समयः कृषि मंत्री नरेंद्र सिंह तोमर नया कृषि कानूनन के वापस लेवे के मांग कर रहल किसानन से आंदोलन खत्म करे के गोहार लगवले बाडें। ऊहां के कहनी कि किसानन के अब कवनो आउर आंदोलन ना करे के चाहीं। सरकार उनकर(किसानन के) कइगो मांगन के मान चुकल बिया आ अबहींयो उनकर हर बात सुने के तइयार बा। ऊ आगे कहनी कि किसान यूनियनन के हठ के कारण मुद्दा सुलझ नइखे पावत। बता दीं कि सरकार आउर किसानन के बीच बस एगो फोन कॉल के दूरी…

Read More

बहुते अनोखा बा बहत्तरवां गणतंत्र दिवस

कोविड-19 से उपजल समस्या अउरी कुफुत के बीच देश आपन 72वां गणतंत्र दिवस मना रहल बा। परम्परा के निभावे के त बटले बा लेकिन पारम्परिक भब्यता एह बेर देखे के ना मिलल । दिल्ली में आयोजित मुख्य परेड में सामिल होखे वाला जवान आ झांकी के गिनती भी पहिले के मुकाबला आधे बा अउरी परेड हर साल लाल किला पर खत्म होला एह बेर नेशनल स्टेडियम पर ही खतम हो गइल । जवन पूरा दूरी के आधे रहे। सरकारी फरमान के चलते दर्शक के संख्या भी सीमित रहे। ए बेर…

Read More

आन्दोलनकारी लाल किला पऽ फहरवलें निशान साहिब

समाचार डेस्ट, भोजपुरी समय गणतंत्र दिवस पऽ किसान संगठनन के बोलावल रैली हिंसक भइला के बाद दिल्ली के लाल किला पऽ कऽ ले ले बे अउरी स्वतंत्रता दिवस पऽ जहँवा प्रधानमंत्री तिरंगा फहरावेलन ओह जगह सिख किसान निशान साहिब फहरा देले बाड़े। मालूम होखे के चाहीं कि गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के प्रस्तावित किसानन के ट्रैक्टर रैली में किसान संगठनन के समय से पहिले अउरी पहिले से तय रुट से अलिगा रैली निकलला के बाद दिल्ली में अलग जगहन पर भारी हिंसा भइल बा जेवना में सरकारी अउरी निजी सम्पति…

Read More

किसान ट्रैक्टर रैली में भारी हिंसा

समाचार डेस्ट, भोजपुरी समय गणतंत्र दिवस 26 जनवरी के प्रस्तावित किसानन के ट्रैक्टर रैली में दिल्ली के अलग जगहन पर भारी हिंसा भइल बा। रैली में भाग लेबे वाला किसानन के पुलिस संगे ना खाली झड़प भइल बा बलुक जगह सरकारी अउरी निजी सम्पति के बहुत नोकसान भइल बा। दिल्ली पुलिस किसान आन्दोलन में भाग लेबे वाला संगठन के ट्रैक्टर रैली के खाती एगो रुट आ समय देले रहल बाकिर किसान संगठन समय से पहिले पुलिस से भीड़ंंत कऽ के ना खाली बैरीकेट तुरि दिहलें बाकिर पहिले तय रुट के…

Read More

सरकार कृषि कानूनन के डेढ़ साल खाती स्थगित करे खाती तइयार

समाचार डेस्क, भोजपुरी समय किसान संगठन अउरी सरकार के बीच 20 जनवरी बुधवार के 10वां दौर के बातचीत भइल हऽ। एह बातचीत के केवनो नतीजा ना निकलल हऽ। बेनतीजा बातचीत के देखत अउरी गतिरोध खत्म करे खाती सकार सरकार तीनों कृषि कानूनन के कार्यान्वयन के डेढ़ साल ले खाती स्थगित करे प्रस्ताव देले बे ताकि एह समय में किसान अउरी सरकार चर्चा कऽ के समस्या के समाधान निकाल सकें। किसान संगठन सरकार के एह प्रस्ताव के अभी तुरन्त केवनो उत्तर नइखन सऽ देले। उत्तर देबे खाती किसान संगठन 22 जनवरी…

Read More

किसान बिल के विरोध में निकले वाली ट्रैक्टर रैली पऽ सुप्रीम ना करी हस्तक्षेप

समाचार डेस्क, भोजपुरी समय कृषि बिल के खिलाप धरना पऽ बइठल किसान गणतंत्र दिवस के दिने दिल्ली में ट्रैक्टर रैली निकाले के योजना बनवले बाड़े। एके ले के चारों तरह-तरह के बात हो रहल। बाकिर एह रैली के अनुमति अबले दिल्ली पुलिस से नइखे मिलल। एही ट्रैक्टर रैली के ले के सुप्रीम कोर्ट के सुनवाई में सुप्रीम साफ कऽ देले बे कि ऊ एह रैली में केवनो हस्तक्षेप ना करी। कानून व्यवस्था पुलिस के जिम्मेदारी बा अउरी एकरा संबन्ध में पुलिस निर्यण ली। केन्द्र सरकार के वकील कोर्ट में सुनवाई…

Read More