जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के कवि सम्मेलन में कविता के सागर में डुबुकी लगवलें श्रोता

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंजः साफ सुथरा गीत गवनई आ भोजपुरिया संस्कृति के संरक्षण के उद्देश्य से,  साल 2015 में वहाट्सएप पर एगो ग्रुप के रुप में स्थापित आ साल 2017 में न्यास के रुप में देश के राजधानी दिल्ली में पंजीकृत “जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया” परिवार के सालाना सांस्कृतिक आ साहित्यिक महोत्सव-3 के आयोजन बिहार के गोपालगंज जिला के अमहीं मिश्र गांव में भइल। ई आयोजन में हर बरिस के जइसे अबकिरो दूगो सत्र राखल गइल रहे। कार्यक्रम के पहिलका सत्र में जहां संस्था के अध्यक्ष…

Read More

अखण्ड अष्टयाम के संगे शुरू भइल “जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया” परिवार के “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3”

शशि प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंज: हरे राम हरे कृष्ण के नाम धुन के मधुर संगीत से सजल अखण्ड अष्टयाम के संगे भोजपुरी खातिर समर्पित संस्था जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया के तीसरका सालाना “साहित्यिक आ सांस्कृतिक महोत्सव-3” के एतवार के शुरुआत हो गइल। एह मौका पर संस्था के उपाध्यक्ष सुभाष पाण्डेय भोजपुरी समय से बतवनी कि संस्था जय भोजपुरी जय भोजपुरिया के अध्यक्ष सतीश त्रिपाठी हर बरिस छठ के बाद अष्टयाम कराइले। एही कड़ी में पछिला तीन बरिस से संस्था के सालाना महोत्सव के आयोजन भी अष्टयाम के…

Read More

जाये ना देहब बहरिया, रहीहें घरवे सांवरिया…. सारण भोजपुरिया समाज के ऑनलाइन कवि सम्मेलन में गुंजल कवियन के बोल

सारण भोजपुरिया समाज के ऑनलाइन कवि सम्मेलन में कोरोना से लड़े के कवि लोग दिहलें सनेस भोजपुरी समय, रामेश्वर गोप/शैलेंद्र तिवारी,छपरा/अहमदाबादः एक ओर जहां पूरा देश में कोरोना वायरस से महामारी फइलऽलला के कारण सरकार के द्वारा घोषित लॉकडाउन के कारण सभे अपना अपना घर में रहे के मजबूर बा। अइसन में सोशल मीडिया पर तरह तरह के गतिविधि कर के लोग आपन समय बीता रहल बाडें। एही क्रम में भोजपुरी खातिर काम कर रहल एगो संस्था सारण भोजपुरिया समाज अपना सदस्यन के संगे पहिलका ऑनलाइन कवि सम्मेलन के आयोजन रामनवमी के…

Read More

भोजपुरी संगोष्ठी आ कवि सम्मेलन के रूप में मनावल गइल भोजपुरी के हास्य कवि पंडित कुबेर नाथ विचित्र के पहिला पुण्यतिथि

भोजपुरी समय, देवरिया: भोजपुरी के सुप्रसिद्ध हास्यकवि पंडित कुबेर नाथ मिश्र जी के पहिलका पुण्यतिथि भोजपुरी संगोष्ठी आ कवि सम्मेलन के रूप में 25 फरवरी के मनावल गइल। एह कार्यक्रम के अध्यक्षता सेवानिवृत्त तहसीलदार राजकुमार मिश्र कइलें। सम्मेलन के उद्घाटन मुख्य अतिथि भाजपा के वरिष्ठ नेता आ समाज सेवी राजकुमार शाही आ विशिष्ट अतिथि भोजपुरिया अमन पत्रिका के संपादक आ विश्व भोजपुरी परिषद नई दिल्ली के राष्ट्रीय महासचिव/संयोजक डॉ. जनार्दन सिंह दिया जरा के आ विचित्र जी के फोटो पर फूल चढ़ाके कइलन। गोष्टि के सम्बोधित करत श्री शाही जी…

Read More