हाँगकाँग में कुक्कुर कोरोना से संक्रमित, जानवर के सक्रमित होखे के पहिला ममिला

कोरोना वायरस COVID19

हाँगकाँग हाँगकाँग में एगो कुक्कुर के कोरोना से संक्रमित होखे सूचना आ रहल बे। खबर बा कि एह कुक्कुर कोरोना वायरस संक्रमण के स्तर कम बा। वर्ल्ड ऑर्गेनाइजेशन ऑफ एनिमल हेल्थ के हिसाब से ई मानव से जानवर में कोरोना से संक्रमण के पहिला ममिला हऽ। अबले कोरोना दुनिया के 60 से अधिका देशन में फइल चूकल बा अउरी 3000 से अधिका लोगन के मउत एह वायरस के कारन को चूकल बा। भारत में अबले कुल्ह 29 ममिला में मरीजन के कोरोना वायरस से संक्रमित होखे के संभावना बा। अबले…

Read More

कोरोना से बचाव के तरीका

कोरोना से बचाव के तरीका

नई दिल्ली सरकार के संगे-संगे दुनिया के अनेकन संस्था कोरोना से बचाव के अनेकन तरीका लोगन के बतावत बाड़ी सऽ। ओह तरीकन में सभसे ज्जरूरी बा हाइजीन। ओकरा सिवाए हर आदिमी के आपन हाथ साबून आ पानी से बेर-बेर धोईं। लोगन से कम से कम तीन फीट के दूरी राखीं। आपन आँख, नाक, अउरी मूँह के छूए से बचीं। छींके भा खाँसे के टाइम टिशू भा रुमाल से मूँह ढकीं। यदि बोखार, सुखल खाँसी अउरी साँस लेबे में तकलीफ होखे तऽ तुरन्त डॉक्टर के देखाईं। सर्दी भा फ्लू से संक्रमित…

Read More

यूपी-बिहार में कोरोना के खतरा बढ़ल

कोरोना हेल्पलाइन नं

नई दिल्ली कोरोना वायरस के संक्रमण अब धीरे-धीरे उत्तर प्रदेश अउरी बिहार ले फइलत जा रहल बा। एकरा कारन पर्यटन पऽ बाउर प्रभाव पड़ रहल बा। अब तक सूचना के हिसाब से उत्तर प्रदेश के लखनऊ में 1, बुलन्दशहर में 5, नोएडा में 6 अउरी आगरा में 6 गो संदिग्ध केस सोझा आइल बाड़ी सऽ। आगरा में जाँच के बाद 6 केस सही पावल गइल बा बाकिर नोएडा के सगरी केस टेस्ट निगेटिव आइल बा। बिहार में अबले 100 से अधिका कोरोना वायरस से सक्रमित संदिग्ध मरीजन के पहचान भइल…

Read More

गुरुग्राम में पेटीएम कर्मचारी कोरोना से संक्रमित, सरकार जारी कइलस हेल्पलाइन नं अउरी ईमेल

कोरोना हेल्पलाइन नं

नई दिल्ली दिल्ली से सटल गुरुग्राम में पेटीएम कर्मचारी के कोरोना से संक्रमित होखे सूचना सांच पाव गइल बा। खबर बा कि ई कर्मचारी कुछ दिन पहिले इटली से छुट्टी मना के लउटल रहल हऽ। ई दिल्ली एनसीआर के दूसरा ममिला हऽ जेवना में कोरोना वायरस के संक्रमण भइल बा। एह खबर के बाद दिल्ली एनसीआर में डर के माहौल बनि गइल बा। #CoronaVirusUpdate Advisory from @HRDMinistry for schools regarding #covid19.#CoronavirusOutbreak #HealthForAll#SwasthaBharat pic.twitter.com/UtzXMVcstf — Ministry of Health (@MoHFW_INDIA) March 4, 2020 लोगन में डर के माहौल के देखत केन्द्र सरकार…

Read More

प्रधानमंत्री कोरोना के ले के सावधानी बरते के अपील कइलें

कोरोना वायरस COVID19

नई दिल्ली अबले भारत में कोरोना के नौ गो ममिला सोझा आइल बा। राजधानी में काल्ह कोरोना वायरस के संक्रमित मरीज के मिलला से पूरा देश में लोग एह वायरस से डेराइल बा। लोगन में डर बा कि जदि दिल्ली में ई वायरस फइल जाई तऽ देश के बाकी हिस्सा में एकरा फइले के संभावना बढ़ि जाई। हालाँकि स्वास्थ्य मंत्रालय लगातार एह विषय में अपडेट दे रहल बा बाकिर लोग में डर माहौल बा। एही दिसाईं प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कोरोना वायरस से निपटे के तइयारी जायजा लिहलहन। संगहीं अपनी ट्वीट…

Read More

 दिल्ली पहुँचल कोरोना वायरस

कोरोना वायरस COVID19

नई दिल्ली करोना वायरस संक्रमण के दूगो नया केस भारत में पकड़ाइल बा। आज  स्वास्थ्य मंत्रालय के दिहल जानकारी के हिसाब से एगो केस दिल्ली में आ एगो केस तेलंगाना में पकड़ाइल बा। खबर बा कि दून्नू के मरीज हाल में विदेश से वापस आइल बाड़े। दिल्ली में कोरोना से संक्रमित मरीज इटली से वापस आइल बा। ओहीजा तेलंगाना वाला मरीज दुबई से आइल बा। स्वास्थ्य मंत्रालय के हिसाब से दून्नू मरीजन के हालत अभी स्थिर बा। अभी ले भारत के कोरोना से एगहू मरीज के मरे के जानकरी नइखे। एकरा…

Read More

कोरोना वायरस मानवीय त्रासदी

corona virus

कहल जाला कि जब आदिमी दोसरा खाती गड़हा खोनेला तऽ ओह गड़हा में ओकरो गिरे के चानस रहेला। ई कँटइला तार पऽ चलला नियर होला। आदिमी चाहे भा ना चाहे बाकिर गोड़ में घाव होखबे करी। कॉराना वायरस से पीड़ित चीन के हाल ओह आदिमी नियर हो गइल बा जे अपने बिछवले काँट से घाही हो गइल होखे अउरी ओह घाव के दवाइयो ना होखे। आज वुहान शहर अउरी हुबेई प्रान्त एह समय से सभसे बड़ त्रासदी से हुजर रहल बा। अंतर्राष्ट्रीय मीडिया के हिसाब से चीनी वैज्ञानिक हुबेई के…

Read More

करॉना पुरा दुनिया में फइलल, संक्रमितन के संख्या 30 हजार पार

corona virus

चीनी सरकारी अधिकारिन के हिसाब से करॉना वायरस से मरे वाला लोगन के संख्या 563 हो गइल बा। बाकिर टेनसेंट के एगो रिपोर्ट के हिसाब से ई संख्या 24 हजार से बेसी हो गइल बा। दुनिया भऽ के देशन के आधाकारिक आकाड़ा के हिसाब से सगरी दुनिया में अबले लगभग 30 हजार लोग करॉना वायरस से संक्रमित हो चुकल बा। समाचार एजेंसीन के हिसाब से लगभग 27 देशन में करॉना से संक्रमित मरीज पावल गइल बाड़े।

Read More

करॉना वायरस: वुहान से छात्र रेस्क्यू, कुछ छात्रन के इन्कार

कोरोना वायरस COVID19

वुहान भारत सरकार चीन में फइलल करॉना वायरस के कारन आपन नागरिकन एयरलिफ्ट कऽ रहल बा। एही खाती वुहान विश्वविद्यालय के भारतीय छात्रन के भारत सरकार वापस देश ले आवे के प्रक्रिया शुरू कऽ देले बे। वुहान विश्वविद्यालय के कुछ भारतीय छात्रन के छोड़ि के सगरी छात्रन के एयरलिफ्ट कऽ लिहल गइल बा। कुछ भारतीय छात्र वापस भारत आवे से मना कऽ दिहलन हँ। एकर कारन ओह छात्रन के कमजोर आर्थिक स्थिति बतावल जाता। रिपोर्टन के हिसाब से एह छात्रन के परिवार के खरचा स्कॉलरशिप से मिले वाला पइसा से…

Read More

करॉना वायरस से मरे वालन के संख्या सौ से ऊपर

कोरोना वायरस

बिजिंग चीनी समाचार एजेंसीयन के हिसाब से चीन में करॉना वायरस से मरे वाला मरीजन के संख्या सौ से ऊपर पहुँच गइल बा। चीनी नेशनल हेल्थ कमीशन के हिसाब से चीन में अबले करॉना वायरस से संक्रमित मरीजन के संख्या 2800 से अधिका हो गइल बा। चीन में फइलल खतरनाक करॉना वायरस धीरे-धीरे सगरी दुनिया में आपन पाँव फइलावे  शुरू कऽ देले बा। समाचार सूचना के हिसाब से भारत सहित अनेक देशन में एकर संदिग्ध मरीज पावल गइल बाड़े। अमेरीका अपना नागरिकन से चीन यात्रा से बचे के सलाह जारी…

Read More