मध्यप्रदेश: बागी विधायकन के इस्तीफा मंजूर, कमलनाथ के मुख्यमंत्री पद से इस्तीफा

कमलनाथ

भोपाल सुप्रीम कोर्ट के 20 मार्च के 5 बजे ले बहुमत सिद्ध करे के आदेश के पहिलहीं आज दुपहरिया में कमलनाथ सरकार इस्तीफा दे ले बिया। मुख्यमंत्री कमलनाथ आज मध्यप्रदेश राज्यपाल लालजी टंडन के आपन इस्तीफा दे दिहलहन। कमलनाथा सरकार के इस्तीफा देबे के पहिले मध्यप्रदेश विधानसभा अध्यक्ष एन पी प्रजापति बंजरपन बागी विधायकन के इस्तीफा मंजूर कऽ लिहलनऽ। एकेरा बादे साफ हो गइल रहल हऽ कमलनाथ अपनी पद से इस्तीफा दे दिहें। मालूम होखे के चाहीं कि 16 मार्च के मध्य प्रदेश विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त…

Read More

मध्य प्रदेश: कमलनाथ सरकार के काल्ह सिद्ध करे के होई बहुमत – सुप्रीम कोर्ट

सुप्रीम कोर्ट

नई दिल्ली सुप्रीम कोर्ट में काल्ह 18 मार्च से बहुमत परीक्षण के संबन्ध में सुनवाई चलत रहल हऽ। सुप्रीम कोर्ट आज सुनवाई के पूरा कइला के बाद कमलनाथ सरकार के काल्ह साँझ 5 बजे ले बहुमत सिद्ध करे के आदेश देले बे। 16 मार्च के मध्य प्रदेश विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें रहलन हँ। मध्य प्रदेश राज्यपाल भाजपा के अपील कइला के बाद राज्य विधानसभा अध्यक्ष के बहुमत परीक्षण करावे के आदेश…

Read More

मध्य प्रदेश सुप्रीम कोर्ट में बहुमत परीक्षण खाती सुनवाई

कमलनाथ

नई दिल्ली मध्य प्रदेश में फइलल राजनैतिक अस्थिरता अउरी राज्यपाल के बहुमत परीक्षण के आदेश अउरी विधानसभा अध्यक्ष के विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कइला के बाद भाजपा एह ममिला के ले के सुप्रीम कोर्ट पहुँचल बे। सुप्रीम कोर्ट के बहुमत परीक्षण के संबन्ध में सुनवाई चल रहल बे। एह सुनवाई से तय होई कि बहुमत परीक्षण कब होई। 16 मार्च के विधानसभा अध्यक्ष राज्यपाल के भाषण के तुरन्त बाद कोरोना वायरस के हवाला देत विधानसभा 26 मार्च ले स्थगित कऽ दिहलें।

Read More

ज्योतिरादित्य सिंधिया दू बजे ज्वाइन करिहें भाजपा

ज्योतिरादित्य सिंधिया

नई दिल्ली कॉग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद ज्योतिरादित्य सिंधिया आज दुपहरिया बाद दू बजे भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा के उपस्थिति में भाजपा ज्वाइन करिहें। भाजपा ज्योतिरादित्य सिंधिया के आज 12 बजके 30 मिनट पऽ पार्टी ज्वाइन करे टाइम देले रहलि हऽ। बाकिर केवनो कारन से ई ज्वाइनिंग अब दू बजे होई। ज्योतिरादित्य सिंधिया के कॉग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद मध्यप्रदेश विधानसभा के कॉग्रेस के तेइस गो विधायक इस्तीफा दे देले बाड़न। तेइस गो विधायकन के इस्तीफा दिहला के बाद कमलनाथ सरकार अब अल्पमत में आ गइल…

Read More

मध्यप्रदेश में कमलनाथ सरकार अल्पमत में, भाजपा के सरकार संभव

कमलनाथ

नई दिल्ली आज ज्योतिरादित्य सिंधिया के कॉग्रेस पार्टी से इस्तीफा दिहला के बाद मध्यप्रदेश विधानसभा के कॉग्रेस के बीस गो विधायक इस्तीफा दे दिहलन हँ। बीस गो विधायकन के इस्तीफा दिहला के बाद कमलनाथ सरकार अब अल्पमत में आ गइल बे। भाजपा अब कबो शक्ति परीक्षण के माँग कऽ सकत बे। मध्यप्रदेश विधानसभा के कुल्ह 230 विधायक बाड़न। बहुमत के आंकड़ा 116 बा। अभी दू गो विधायकन के मउत हो गइल बा। अउरी बीस गो विधायक इस्तीफा दे देले बाड़न सऽ। एसे वर्तमान में बहुमत के आंकड़ा 105 हो गइल…

Read More

मध्य प्रदेश में राजनैतिक उथल-पुथल, भाजपा पऽ कॉग्रेस विधायकन के अगवा करे के आरोप

कमलनाथ मध्य प्रदेश

भोपाल मध्य प्रदेश के कमलनाथ सरकार पऽ अस्तित्व के खतरा मडराए लागल बा। कॉग्रेस एगो हाई वोल्टेज ड्रामा में भाजपा के आरोप लगवले बे कि भारतीय जनता पार्टी ओकरा के सपोर्ट करे वाला 8 विधायकन के अगवा कऽ के हरियाणा के मानेसर के होटल में बन्द कइले बे। कॉग्रेस नेता दिग्विजय सिंह के एगो ट्वीट के हिसाब से भाजपा मध्य प्रदेश के कॉग्रेस, समाजवादी पार्टी अउरी बहुजन समाजवादी पार्टी के विधायकन के भोपाल से दिल्ली के आइल बे। फेर ओह विधायकन के दिल्ली से मानेसर के होटल में ले गइल…

Read More