कोरोना वायरस: महाराष्ट्र में कर्फ्यू मरीजन के संख्य बढ़ि के भइल 86, 3 मरीजन के मउत

उद्धव ठाकरे

मुम्बई कोरोना वायरस के बढ़त प्रकोप के देखत महाराष्ट्र सरकार पूरा महाराष्ट्र में कर्फ्यू लगा देले बे। सगरी देश में महाराष्ट्र में कोरोना के सभसे बेसी मरीज बाड़े। मरीजन के संख्या बढ़ि के 86 हो गइल बा तऽ ओहीजा 3 गो मरीजन के मउत हो गइल। महाराष्ट्र में बाकी राज्यन नियर लॉकडॉउन लागू भइल रहल हऽ बाकिर लोग सड़क पऽ निकलल बन्द ना करत रहल हऽ। राज्य सरकार के मजबूरन महाराष्ट्र के सगरी जिलन में कर्फ्यू लगावे पड़ल हऽ। लोगन के असुविधा ना होखे ए खाती जरूरी चीझन के दोकानऽआ…

Read More

महाराष्ट्र में कोरोना संक्रमण के कारन आपदा कानून लागू

कोरोना वायरस

मुम्बई महाराष्ट्र में कोरोना संक्रमण के बढ़त संख्या के कारन महाराष्ट्र सरकार आपदा कानून लागू कऽ देले बे।संगही सरकार अब लोगन के समूह में एकत्रित होखे अनुमति ना देई। महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे मुम्बई के अलावा महाराष्ट्र के 4 गो शहरन नवी मुंबई, पुणे, पिम्परी चिंचवाड़ अउरी नागपुर में स्कूल, सिनेमा हॉल, ऑडिटोरियम, स्विमिंग पूल अउरी जिम बंद करे के घोषणा कइलें ह। महाराष्ट्र में अबले कोरोना संक्रमण के 17 गो ममिला सोझा आइल बा।

Read More

महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे अयोध्या खाती रवाना

उद्धव ठाकरे

मुम्बई उद्धव सरकार के 100 दिन पुरा भइला पऽ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे रामलल्ला के दर्शन खाती आज अयोध्या पहुँच रहल बाड़े। एह दिसाईं ऊ मुम्बई से अयोध्या खाती रवाना हो गइल बाड़ें। एगो विशेष ट्रेन से पहिलहीं शिव सैनिक अयोध्या पहुँच गइल बाड़े। आज दुपहरिया उद्धव ठाकरे रामलल्ला के दर्शन करिहें। उनकर योजना सरयू किनारे आरती करे अउरी एगो जनसभा करे के रहल हऽ बाकिर कोरोना के कारन ई अव ऊ आरती में हिस्सा ना लिहें अउरी प्रस्तावित जनसभा स्थगित हो गइल बे।

Read More

नागरिकता साबित कइल मुश्किल, महाराष्ट्र में ना लागू होई एनआरसी – उद्धव ठाकरे

मुम्बई महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे शिवसेना के मुखपत्र सामना में अपनी साक्षात्कार में कहलन हऽ कि महाराष्ट्र में राष्ट्रीय नागरिक रजिस्टर (NRC) ना लागू होई। उद्धव ठाकरे अपनी साक्षात्कार में नागरिकता संशोधन अधिनियम (CAA) पऽ आपन रुख साफ करत कहलन हऽ कि सीएए नागरिकता छीने के बारे में नइखे। बलुक ई नागरिकता देबे के बारे में बा। सीएए पऽ देश भर में बवाल के बीच उद्धव ठाकरे के ई बयान केन्द्र सरकार खाती राहत के बात बा। हालाँकि एनआरसी पऽ आपन रुख साफ करत कहलन कि महाराष्ट्र में एनआरसी…

Read More