अरविन्द केजरीवाल तीसरी बेर लिहलन मुख्यमंत्री पद के शपथ

अरविन्द केजरीवाल

आज सबेरे दिल्ली के रामलीला मैदान में आम आदमी पार्टी से राष्ट्रीय संयोजक अउरी दिल्ली के दू बेर के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल तीसरी बेर मुख्यमंत्री के शपथ लिहलहन। दिल्ली के राज्यपाल अनिल बैजल अरविन्द केजरीवाल के पद अउरी गोपनीयता के शपथ दियववलन।

Read More

केजरीवाल कइलें हिन्दू-मुस्लिम वीडियो ट्वीट, चुनाव आयोग के नोटिस

अरविन्द केजरीवाल

8 फरवरी के चुनाव होखे से एक दिन पहिले चुनावा आयोग दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविन्द केजरीवाल के एगो नोटिस भेजि के काल्ह 8 फरवरी शनिचर के सांझ 5 बजे ले जवाब देबे के कहले बा।

Read More

आप चुनाव आयोग से योगी आदित्यनाथ के चुनाव प्रचार पऽ रोक लगावे के माँग कइलस

नई दिल्ली आम आदमी पार्टी (AAP) चुनाव आयोग से उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के दिल्ली में चुनाव प्रचार पऽ रोक लगावे के माँग कइले बे। पिछला कई दिन से आप भाजपा के कई नेतन के बयान पऽ सवाल उठवले बे। आप के दिल्ली विधानसभा चुनाव प्रभारी अउरी राज्यसभा सांसद संजय सिंह योगी आदित्यनाथ के बोली से ना तऽ गोली से मान जाए वाला बयान पऽ सवाल उठवले बाड़े। आप चुनाव आयोग पऽ समय ना देबे के आरोप लगवले बा। एह कारन संजय सिंह के संगे आप के नेता…

Read More

आप के 60%, भाजपा के 39% उम्मीदवारन पऽ आपराधिक मामला

नई दिल्ली एसोसियशन फॉर डेमोक्रैटिक रीफॉर्म्स Association for Democratic Reforms (ADR) दिल्ली विधानसभा चुनाव 2020 में लड़े वाला प्रमुख पार्टीन के उम्मीदवारन दाखिल कइल हलफनामा के जाँच कऽ के एगो रिपोर्ट जारी कइले बे। एह रिपोर्ट में उम्मीदवारन के आपराधिक रिकॉर्ड हरान करे वाला बा। ADR के हिसाब से आम आदमी पार्टी (AAP) के 70 उम्मीदवारन में से 36 (51%) पऽ गंभीर आपराधिक मामला दर्ज तऽ 42 (60%) उम्मीदवारन पऽ आपराधिक मामला दर्ज बा। भारतीय जनता पार्टी (बीजेपी) के 67 उम्मीदवारन में से 17 (25%) पऽ गंभीर आपराधिक मामला दर्ज…

Read More

आप के डर बा कि भाजपा शाहीन बाग के प्रदर्शन के फायदा उठाई

नई दिल्ली आम आदमी पार्टी आप के डर बा कि भारतीय जनता पार्टी भाजपा शाहीन बाग में सीएए, एनआरसी अउरी एनपीआर के खिलाफ होखे वाला धरना प्रदर्शन के फायदा दिल्ली विधानसभा में उठा॥ आप के वरिष्ठ नेता अउरी राज्यसभा सांसद संजय सिंह के दावा बा कि भाजपा शाहीन बाग के प्रदर्शन के फायदा उठाई। संजय सिंह शाहीन बाग के प्रदर्शनकारिन से अनुरोध करत अपनी बयान में कहलन ”मुम्बई में आज कई प्रदर्शनकारी आपन प्रदर्शन खत्म कऽ दिहलन। हमरा लागता कि इहे सही समय बा कि प्रदर्शन के आयोजक अपनी बुद्धि…

Read More