यूपी-बिहार में कोरोना के खतरा बढ़ल

कोरोना हेल्पलाइन नं

नई दिल्ली कोरोना वायरस के संक्रमण अब धीरे-धीरे उत्तर प्रदेश अउरी बिहार ले फइलत जा रहल बा। एकरा कारन पर्यटन पऽ बाउर प्रभाव पड़ रहल बा। अब तक सूचना के हिसाब से उत्तर प्रदेश के लखनऊ में 1, बुलन्दशहर में 5, नोएडा में 6 अउरी आगरा में 6 गो संदिग्ध केस सोझा आइल बाड़ी सऽ। आगरा में जाँच के बाद 6 केस सही पावल गइल बा बाकिर नोएडा के सगरी केस टेस्ट निगेटिव आइल बा। बिहार में अबले 100 से अधिका कोरोना वायरस से सक्रमित संदिग्ध मरीजन के पहचान भइल…

Read More

नमस्ते ट्रंप: आज से भारत यात्रा, राष्ट्रपति दिहें सम्मान में भोज

डोनाल्ड ट्रंप

नई दिल्ली     आज सोमार के अमेरीका के राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप अहमदाबाद पहुँचले।  एयरपोर्ट पऽ भारत के प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी ट्रंप से गले मिल के उनकर स्वागत कइलें। मोदी अउरी ट्रंप 22 किलोमीटर लम्हर रोड शो करत मोटेरा स्टेडियम पहुँचल लो। उहाँ ट्रंप अउरी मोदी उहाँ इक्कठा भीड़ संबोधित कइल लो। ट्रंप अहमदाबाद के कार्यक्रम के अपनी पत्नी मेलानिया अउरी परिवार के संगे ताजमहल देखे खाती लगभग 4 बजे आगरा पहुँचलें। आगरा में ताजमहल में लगभग एक घंटा ले रहला के बाद ट्रंप दिल्ली खाती रवाना हो गइलें। ई ट्रंप के…

Read More