महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे अयोध्या खाती रवाना

उद्धव ठाकरे

मुम्बई उद्धव सरकार के 100 दिन पुरा भइला पऽ महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री उद्धव ठाकरे रामलल्ला के दर्शन खाती आज अयोध्या पहुँच रहल बाड़े। एह दिसाईं ऊ मुम्बई से अयोध्या खाती रवाना हो गइल बाड़ें। एगो विशेष ट्रेन से पहिलहीं शिव सैनिक अयोध्या पहुँच गइल बाड़े। आज दुपहरिया उद्धव ठाकरे रामलल्ला के दर्शन करिहें। उनकर योजना सरयू किनारे आरती करे अउरी एगो जनसभा करे के रहल हऽ बाकिर कोरोना के कारन ई अव ऊ आरती में हिस्सा ना लिहें अउरी प्रस्तावित जनसभा स्थगित हो गइल बे।

Read More

सुन्नी वक्फ़ बोर्ड मंजूर कइलस अयोध्या में सरकार के दिहल जमीन

भोजपुरी समय,अयोध्या: पछिला साल जब नवंबर में सुप्रीम कोर्ट अयोध्या ममिला में आपन फैसला देले रहे जवना में भगवान राम के जन्मस्थान के जगहा हिंदू लोग के आ मस्जिद खातिर मुसलमान लोग के अयोध्या में ही अलगा पांच एकड़ जमीन सरकार के देवे के रहले रहे। जब एह आदेश के पालन करत जब मुस्लिम पक्षकार सुन्नी वक्फ़ बोर्ड के अयोध्या के सोहावल  तहसील के धन्नीपुर गांव में 5 एकड़ जमीन आवंटित कइले रहल हs ओकरा के बोर्ड स्वीकार ना करत रहे, बाकिर अब सुन्नी वक्फ़ बोर्ड  अब एही 5 एकड़…

Read More

सरकार कइलस राम मंदिर तीर्थ ट्रस्ट बनावे के घोषणा, ट्रस्ट में 15 सदस्यन के होखी नाम

भोजपुरी समय, दिल्ली/अयोध्या डेस्क: प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बुध के अयोध्या में राम मंदिर निर्माण खातिर ट्रस्ट बनावे के एलान कइले। एकरा बाद गृहमंत्री अमित शाह बतवले कि एह ट्रस्ट में पंद्रहगो (15) ट्रस्टी होइहन, जवना में एगो सदस्य दलित समाज के सदस्य होई। गृहमंत्री के एह बेयान के चार घंटा बाद ट्रस्ट से जुड़ल पंदरह सदस्यन के बारे में जानकारी सामने आ गइल बा। हालांकि पहिले जानकारी सामने आइल रहल हऽ कि चारु शंकराचार्य लोग के एह ट्रस्ट में शामिल कइल जाई, बाकिर सरकार ट्रस्ट में खाली प्रयागराज के ज्योतिष…

Read More