G7 शिखर सम्मेलन सितंबर ले टलल

अमेरीकी राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप घोषणा क इले हँ कि 10-12 जून के होखे वाली जी-7 समिट के टालल जा रहल बा। अब जी-7 के शिखर सम्मेलन सितम्बर में होई। अमेरीकी राष्ट्रपति अपनी घोषणा में बतवलें हँ कि सितम्बर में होखे वाला प्रस्तावित शिखर सम्मेलन में भारत, रूस, साउथ कोरिया अउरी ऑस्ट्रेलिया के शामिल होखे आमंत्रित कइल जाई। G7 में अभी अमेरिका, इटली, जापान, कनाडा, फ्रांस, जर्मनी, ब्रिटेन के संगे यूरोपियन यूनियन शामिल बा। लम्बा समय से अंतर्राष्ट्रीय जगत में माँग होत बा कि भारत जइसन के जी-7 के हिस्सा बने…

Read More

चीन अमेरीकी पत्रकारन के निकलस बाहर

China expels US journalists from China

बीजिंग चीन से जेवन सूचना आवत बे ओह हिसाब से चीनी विदेश मंत्रालय एगो विज्ञप्ति जारी कइले बा। ओह विज्ञप्ति के हिसाब से अमेरीका के तीन गो अखबारन से पत्रकारन के चीन से बाहर निकाल दिहल जाई। एह आदेश में न्यूयार्क टाइम्स, वाशिंगटन पोस्ट अउरी द वाल स्ट्रीट जर्नल के पत्रकारन के बाहर निकाले बात बा। ई मानलऽ जाता कि ई चीन ई आदेश अमेरीकी राष्ट्रपति ट्रंप के के ओह आदेश के प्रतिक्रिया में देले बा जेवना में चीन के चार गो सरकारी समाचार चैनलन के पत्रकारन के संख्या के…

Read More

अमेरीका-तालिबान में समझउता, 14 महीना में अफगानिस्तान से सेना वापिस बोलाई अमेरीका

अमेरीका तालिबान शान्ति समझौता

दोहा कतर के राजधानी दोहा में आज अमेरीका अउरी  तालिबान के बीच लमहर समय से चलत बातचीत के बाद समझउता हो गइल। एह समझउता के हिसाब से अमेरीका अफगानिस्तान से आपन सैनिकन के अगिला चौदह महीना में वापस अमेरीका बोला ली। अमेरीकी राष्ट्रपति अपनी चुनाव प्रचार में अमेरीकी लोगन से वादा कइले  रहलन कि ऊ राष्ट्रपति बनला के बाद अफगानिस्तान से आपना सैनिकन से वापस बोला ली। ई शान्ति समझउता अमेरीका के विशेष प्रतिनिधि जालमे खलीलजाद अउरी तालिबान के कमांडर अब्दुल गनी बरादर के बीच भइल। अमेरीका के विदेश मंत्री…

Read More

बगदाद के अमेरिकी अम्बेसी पर रॉकेट से हमला

बगदाद इराक के राजधानी बगदाद के अमेरीकी अम्बेसी पऽ एह एतवार के रॉकेट से हमला भइल बा। ई हमला केवनो अज्ञात ग्रुप कइले बा। एह हमला में तीन गो रॉकेट अमेरीकी अम्बेसी अति सुरक्षित क्षेत्र में गिरल बाड़े सऽ। पिछला कई महीना से इराकी लोग स्थानीय इराकी सरकार विरोध कर रहल बा। लोग एह विरोध में अमेरीकी अम्बेसी अउरी दोसर सरकारी संस्थानन पऽ विरोध-प्रदर्शन अउरी हमला कर रहल बाड़े। बाकिर अमेरीकी अम्बेसी पऽ ई हमला पिछला कई महीना में पहिला हमला हऽ। एह हमला में केहू हताहत नइखे भइल। बाकिर…

Read More