भोजपुरी के संस्कृति आ संस्कार के बचावे में जुटल बा जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया परिवार-ज्वाला सिंह

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमही मिश्र, गोपालगंजः  “वहाटस्एप पर शुरु भइल एगो ग्रुप से आज एगो बृहत परिवार में बदल गइल बा जय भोजपुरी झय भोजपुरिया संस्था। ई परिवार आज देश दुनिया में फइलल अपना सवाङंग-सवाङगीन का जरिए माई भाखा भोजपुरी के अश्लीलता से मुक्त करे आ एकरा संस्कार आ संस्कृति के बचावे में जुटल बा।” ई कहनाम रहे सारण भोजपुरिया समाज के सर्वप्रिय अध्यक्ष आ जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया के वरिष्ठ सदस्य आ प्रमुख समाजसेवी ज्वाला सिंह के। श्री सिंह सोमार के दिने जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया नामक संस्था के…

Read More

पाती के संपादक वरिष्ठ भोजपुरी साहित्यकार डॉ. अशोक द्विवेदी के मिलल साल 2020 के अंजन सम्मान

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, अमहीं मिश्र गोपालगंजः 23 नवंबर 2020 के कोरोनाकाल का डेग-डेग पर बन्हन का बावजूदो अमहीं मिसिर, भोरे, गोपालगंज में इतिहास रचाइल, जब “जय भोजपुरी- जय भोजपुरिया” के अध्यक्ष सतीश कुमार त्रिपाठी (सपत्नीक) उपस्थित गणमान्य लोग ज्वाला सिंह (अध्यक्ष- सारण भोजपुरिया समाज, वरिष्ठतम सवांग- जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया), विमलेन्दु भूषण पाण्डेय(संस्थापक- सारण भोजपुरिया समाज आ वरिष्ठ परामर्शी- जय भोजपुरी-जय भोजपुरिया), प्रखरवक्ता जीतेन्द्र द्विवेदी, केशव तिवारी (चुन्नू बाबा), भावेश अंजन, राम प्रकाश तिवारी(संपादक, भोजपुरी समय.डॉट कॉम)  आ अन्य का साथे दीया जरवनीं आ महाकवि “अंजन जी” का चित्र…

Read More