T20: IND vs NZ हैमिल्टन में भारत के लगे हैट्रिक मोका

हैमिल्टन

टीम इंडिया अउरी न्यू जीलैंड के बीच टी20 के 5 मैचन के सीरीज के तीसरा मुकाबला आज दुपहरिया 12:20 हैमिल्टन में खेलल जाई। एह मैच में भारत के लगे जीत के हैट्रिक बनावे के बढ़िया मोका बा। एकरा से पहिले ऑकलैंड में भइल दून्नू मैचन में भारत न्यूजीलैंड खिलाफ जीत हाशिल कइले बा।

तीसरा मैच हैमिल्टन के सेडन पार्क मैदान पऽ खेलल जाई। जदि ई मैच भारत जीत ली तऽ भारत पांच मैचन के ई सीरिज जीत ली। अउरी भारत न्यूजीलैंड में अब तक के आपन केवनो पहिला सीरीज जीती।

जदि न्यूजीलैंड ई मैच हार जाई तऽ दर्शकन के एह सीरिज से इंटरेस्ट कम हो जाई अउरी न्यूजीलैंड के वापसी के संभावना खत्म हो जाई। एसे न्यूजीलैंड एह मैच के जीते के पूरा कोशिश करी।

राहुल आ श्रेयस के छोड़ी के अबले एह सीरीज में रोहित शर्मा के संगे बाकी कई खिलाड़ा बहुत बढ़िया नइखन खेलले।

Related posts

Leave a Comment

5 × one =