अभिनेता सुशान्त सिंह राजपूत कइलें आत्महत्या

मुम्बई

हिन्दी फिल्म अभिनेता सुशान्त सिंह राजपूत मुम्बई के फ्लैट में आत्महत्या कऽ ले ले बाड़े। लोगन के कहनाम बा कि सुशान्त पिछिला कुछ समय से अवसाद में रहलन हँ।

आत्महत्या के समय उनकरी घर में उनकर कुछ दोस्त संगहीं रहलन। उनकर नौकर पुलिस के फोन कऽ के उनकरी आत्महत्या के सूचना दिहलस।

सुशान्त एम एस धोनी, सोनचिरया जइसन फिल्मन में काम कइले रहलन।

सुशान्त के जनम 1986 में बिहार में भइल रहे। ऊ दिल्ली के दिल्ली कॉलेज ऑफ इंजिनियरिंग से पढ़ाई कइले रहलन। उनकरी परिवार में उनकरी पिता के छोड़ि के तीन बहिन बाड़ी। उनकरी माता अउरी एगो बहिन के पहिलहीं मृत्यु हो गइल बा।

उनकरी आत्महत्या के समाचार सूनला के बाद सुशान्त के पिताजी के तबियत खराब हो गइल बा।

 11,159 total views,  160 views today

Related posts

Leave a Comment