किसान बिल के विरोध में निकले वाली ट्रैक्टर रैली पऽ सुप्रीम ना करी हस्तक्षेप

समाचार डेस्क, भोजपुरी समय

कृषि बिल के खिलाप धरना पऽ बइठल किसान गणतंत्र दिवस के दिने दिल्ली में ट्रैक्टर रैली निकाले के योजना बनवले बाड़े। एके ले के चारों तरह-तरह के बात हो रहल। बाकिर एह रैली के अनुमति अबले दिल्ली पुलिस से नइखे मिलल।

एही ट्रैक्टर रैली के ले के सुप्रीम कोर्ट के सुनवाई में सुप्रीम साफ कऽ देले बे कि ऊ एह रैली में केवनो हस्तक्षेप ना करी। कानून व्यवस्था पुलिस के जिम्मेदारी बा अउरी एकरा संबन्ध में पुलिस निर्यण ली।

केन्द्र सरकार के वकील कोर्ट में सुनवाई के समय 26 जनवरी के प्रस्तावित रैली के विरोध कइलें हँ। मालूम होखे के चाहीं कि किसान संगठनन अउरी दिल्ली पुलिस के बीच ट्रैक्टर रैली के ले के बैठक प्रस्तावित बा।

Related posts

Leave a Comment

two × 4 =