सीमित संसाधन में ही अपना जरुरत के करीं पूरा- मुखिया संगम बाबा

सीमित संसाधन में ही अपना जरुरत के करीं पूरा- मुखिया संगम बाबा

संकट के एह घड़ी में एक-दूसरा के सहयोग करीं- संगम बाबा

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, पानापुर (सारण): कोरोना वायरस से बचाव खातिर लॉकडाउन के समय जइसे-जइसे बढ़त जा रहल बा, वइसे वइसे आम लोगन के समस्या भी बढ़त जा रहल बा। अइसन में जन प्रतिनिधि लोग अपना अपना स्तर पर जनता के बीच राहत सामग्री पहुंचावे में जुटल बाड़े। एही क्रम में इसुआपुर के मुखिया संगम बाबा लगातार लोग के बीच राहत सामग्री पहुंचावे में लागल बाड़ें। मुखिया संगम बाबा बुधवार के पानापुर प्रखंड के बकवाँ पंचायत के धनौती छठ तीर टोला आ रसौली पंचायत के बिन्द टोला में सैंकड़न मजदूर वर्ग के लोगन आ असहाय परिवारन के बीच राहत सामग्री में कच्चा राशन-सब्जी के वितरण कइले। एह मौका पर मुखिया संगम बाबा क्षेत्र के जनता से निहोरा करत कहले कि “पूरा देश में फइलल कोरोना के एह महामारी में रउआ सभे भी अपना अगल-बगल में एक-दूसरा के सहजोग करीं।” एकरा अलावा जवना धैर्य आ संयम से एह लॉडाऊन में जइसे रउआ सभे डॉक्टर आ प्रशासन के सहजोग कइले बानी ठीक अइसहीं आवे वाला कुछ दिन तक आउर सहजोग कर आपन आउर अपना परिवार के सुरक्षा सुनिश्चित करीं। संगम बाबा एह दौरान लोग से मितव्ययिता के बात करत कहलें की सीमित संसाधन में ही अपना जरुरतन के पूरा करे लव के काम बा। एह मौका पर क्षेत्र के विभिन्न टोला से शशि बाबा, पंचायत समिति सदस्य किशोरी रावत, मनीष प्रसाद, बड़ा बाबू, मनोहर सहनी, जयप्रकाश साह, हरेराम बिन्द,उदय साह, पुकार प्रसाद, सुभान भाई, रोजाद्दीन मियाँ आदि लोग मौजूद रहे।

Related posts

Leave a Comment

five × 1 =