मशरक में लागल शिविर में 150 दिव्यांग यूआईडी कार्ड बनवावे खातिर दिहले आवेदन

धर्मेंद्र पांडेय, भोजपुरी समय, मशरकः  मशरक प्रखंड मुख्यालय स्थित प्रखंड कार्यालय परिसर में समाज कल्याण विभाग आउर स्वास्थ्य विभाग के प्रधान सचिव के निर्देश पर 28 फरवरी तक पुरान दिव्यांगता प्रमाण पत्र के सत्यापन सुनिश्चित करे के आदेश दिहल गइल बा। विभागीय निर्देशानुसार दिव्यांग लोगन के प्रमाण पत्र ऑनलाइन करे खातिर शिविर के आयोजन कइल गइल ,जंहवां भारी संख्या में दिव्यांगजन आपन प्रमाण पत्र ऑनलाइन करवावे केआवेदन दिहले। एह संबंध में दिव्यांगजन के यूआईडी कार्ड के ऑनलाइन करे खातिर विभागीय कर्मचारी आ अधिकारीगण प्रमाण पत्र के जमा कर रहल बाडें। मौका पर फार्म जमा करे में बुनियादी केन्द्र मढ़ौरा के जितेन्द्र कुमार, टेक्निशियन निर्भय कुमार, कार्यपालक सहायक संदीप कुमार राम आदि बतवलें कि शिविर खातिर पहिले से ही पूर्व निर्धारित समय में व्यापक सूचना के माध्यम से दिव्यांगजन के बोलावल गइल रहे,जंहवां 150 दिव्यांग लोग के शिविर में यूआईडी कार्ड हेतु आवेदन ऑनलाइन कइल गइल। ओहिजा टेक्निशियन निर्भय कुमार बतवलें कि सरकार के आदेशानुसार एक अप्रिल से कवनो नया चाहे डुप्लीकेट दिव्यांगता प्रमाण पत्र ऑफलाइन निर्गत ना कइल जाइ, आ एही कारण से जिला के सभ प्रखंडन में अलग अलग तारिख में विशेष शिविर के आयोजन कइल जा रह बा। जवना में पुरान दिव्यांगता प्रमाण पत्र के सत्यापन क के ऑनलाइन सत्यापन करत सभ लाभुकन के यूडीआइडी कार्ड निर्गत कइल जाई।जवन कि डाक से लाभुकन के घरे भेजल जाई।

Related posts

Leave a Comment

12 + eight =