भोजपुरी समय,धर्मेंद्र पाण्डेय,मशरख(सारण): थाना पुलिस द्वारा बाजार क्षेत्र के महावीर चौक पर लॉकडाउन के दिन से ही वाहन चेकिंग अभियान चलवला से त्रस्त दोकानदार मंगर के सांझ के बेरा आपन आपन दोकान बंद क के एकर विरोध जतवलें। रउआ के बता दीं कि ई वाहन चेकिंग ईहां पहिले ना होत रहल हऽ। बाकि कोरोना वायरस संक्रमण के वजह से घोषित लॉकडाउन में जिला से आइल गोरखा बटालियन-1 के जवानन के लेके थानाध्यक्ष द्वारा पुलिस प्वांइट बनावल गइल रहे जवन बाद में वाहन चेकिंग प्वांइट के रूप में इस्तेमाल होखे लागल बा। लॉकडाउन के खत्म हो गइला के बादो ऊंहां निर्वाध रूप से वाहन चेकिंग अभियान चलावल जा रहल बा। जवना से ऊंहां सड़क दुघर्टना के बराबर समस्या बनल रहता। गौर करे वाला बात ई बा कि ई जगहा मशरख के सबसे व्यस्त बाजार हऽ इहां पुलिस चेकिंग अभियान से लोग के आइल-गइल ना के बराबर हो गइल बा। जदना से दोकानन के बंद करे के नौबत आ गइल बा। एकरा कारण दोकानदारन के सोझा भुखमरी के इस्थिति भी आ गइल बा। एही से दोकानदार लोग आपन दोकान बंद क के विरोध जतावल हऽ।