माटी भरे के दौरान मारपीट में सातगो महिला आ पुरुष भइलें घायल

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः मशरक थाना क्षेत्र के सिसईं गांव में सोमार के सबेरे अपना घर के दुआरी पर माटी भरे के दौरान विवाद में जमके मारपीट भइल। एह घटना में सातगो महिला आ पुरुष गंभीर रूप से घायल हो गइलें। घायल लोग के पड़ोसी के द्वारा इलाज खातिर मशरख पीएचसी में भर्ती करावल गइल, जहां एह लोग के पहचान स्वर्गीय सकलदेव राय के बासठ बरिस के बेटा लाल बहादुर राय, विजय कुमार यादव के पत्नी रीमा देवी(30 बरिस), लालबहादुर राय के पत्नी सरस्वती देवी(55 बरिस), रूमा कुमारी (22 बरिस), विनोद कुमार यादव(32 बरिस), प्रमोद कुमार यादव(31 बरिस), प्रमोद कुमार यादव के पत्नी पुनम देवी(26 बरिस) के रूप में भइल बा। ई सभे घायल सिसईं गांव के निवासी बाड़ें। घायलन के बेहतर इलाज खातिर सदर अस्पताल रेफर कर दिहल गइल बा। मामला में घायल के परिजन बतवलें कि दुआरी पर माटी भरवावे के काम चलत रहल हऽ ओही बेरा पड़ोसी जमीन के सीमा के विवाद खड़ा क屧ऽ के मारपीट शुरू कर दिहले हं जवना में पूरा परिवार के सात लोग घायल हो गइलें। ओहिजा पीड़ित पक्ष के परिजन के द्वारा एह मामला में मशरख थाना पुलिस के आवेदन दिहल गइल बा जवना में बली राय, जयराम राय सहित आधा दर्जन लोगन के आरोपित बनावल गइल बा। मामला में मशरख थाना पुलिस जांच कर रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

15 − five =