सेन्सेक्स 834 अंक तऽ निफ्टी 240 अंक बढ़ल

भोजपुरी समय, आर्थिक डेस्क

पिछिला कुछ दिन से भारत के शेयर बाजार में उठा-पटक जारी बा। कहियो शेयर बाजार बहुत तेजी से बढ़त बा तऽ कहियो बहुत तेजी से गिरत बा।

काल्ह बीएससी सेन्सेक्स 623 अंक गिर के 48,417.63 अंक पऽ बन्द भ इल रहुए अउरी आज बीएससी सेंसेक्स 1.72 प्रतिशत 834 अंक बढ़ि के 49,298.29 पऽ बन्द भइल बा। एनएससी निफ्टी आज 1.68 प्रतिशत 240 अंक बढ़ि के 14,521 अंक पऽ बन्द भइल हऽ।

पिछिला कुछ हफ्ता से भारत अउरी बाकी दुनिया के शेयर बाजार में तेजी देखल जा रहल बा बाकिर संगही बहुत बेसी उतार चढ़ाव हो रहल बा। ई समय खुदरा निवेशकन खाती बचि के निवेश करे वाला बा।

Related posts

Leave a Comment

nine + 8 =