हाथ के साथ छोड़ले ज्योतिरादित्य सिंधिया

भोजपुरी समय, नई दिल्ली: पछिला की दिन से मध्यप्रदेश में चलत सियासी उठापटक में आज एगो नया मोड़ आ गइल। आज पूर्व केंद्रीय मंत्री आ मध्यप्रदेश के दिग्गज कांग्रेसी नेता ज्योतिरादित्य सिंधिया कांग्रेस पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दे दिहले‌। कांग्रेस के अंतरिम अध्यक्ष सोनिया गांधी के नाम से लिखल इस्तीफा में सिंधिया लिखले बाड़े कि ऊ जनसेवा करे खातिर राजनीति में आइल रहले, बाकि पिछला कुछ समय से कांग्रेस में रहते ऊ ई ना कऽ पावत रहले हं। एह से ऊ पार्टी से इस्तीफा दे रहल बाड़े। एकरा अलावा ज्योतिरादित्य सिंधिया रहले कि अब समय आ गइल बा जब ऊ पार्टी से बाहर निकल के आगे के रास्ता देखस काहे कि ऊनकरा समर्थक आ कार्यकर्ता सभ के भी ईहे विचार बा। एकरा अलावा मध्यप्रदेश में कांग्रेस के 20गो विधायक जवना में 6गो कैबिनेट मंत्री(मध्यप्रदेश सरकार) भी बाड़े आपन आपन इस्तीफा राज्यपाल के लगे भेज दिहले बाड़े।

कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के नाम से लिखल सिंधिया के इस्तीफा संग

 2,084 total views,  2 views today

Related posts

Leave a Comment