जमशेदपुर आ समाज के संगे आगे बढ़ी टाटा समूह– टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन

जमशेदपुर  समाज के संगे आगे बढ़ी टाटा समूह– टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन

चंद्रशेखर, भोजपुरी समय, जमशेदपुरः भारत के उद्योग जगत के जनक के रुप में विख्यात आ टाटा संस एवं जमशेदपुर नगर के संस्थापक जमशेदजी टाटा के 181वां जन्मदिन पर जमशेदपुर के लोग आपन श्रद्धांजलि दिहल। जमशेदपुर के बिष्टुपुर गोलचक्कर पर स्थित जमशेदजी टाटा के मूर्ति पर टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन, टाटा स्टील के एमडी सह सीइओ टीवी नरेंद्रन, जुस्को के एमडी तरुण डागा समेत तमाम पदाधिकारिगण जमशेदपुरवासियन के संगे  टाटा समूह के संस्थापक के श्रद्धांजलि अर्पित कइलें। एह कार्यक्रम के आयोजन जुस्को (टाटा स्टील यूटिलिटीज एंड इंफ्रास्ट्रक्चर लिमिटेड कंपनी) के ओर से कइल गइल रहे। एह मौका पर अपना स्वागत भाषण में जुस्को के एमडी तरुण डागा कहलें कि जमशेदपुर में पानी, बिजली, सड़क आ सफाई के बेहतर व्यवस्था हो रहल बा।

जमशेदजी टाटा के मूर्ति पर पुष्पहार चढ़ावत टाटा संस के चेयरमैन

उपराष्ट्रपति एम वेंकैया नायडू के भाषण के दोहरावत शहर के अत्याधुनिक होखे के संकल्प लियाइल

ओहिजा जमशेदपुर के सै साल पूरा भइला पर आयोजित कार्यक्रम में उपराष्ट्रपति एम वेंकैया नायडू द्वारा दिहल गइल भाषण के दोहरावत एह शहर के आउर अत्याधुनिक बनावे के संकल्प के भी दोहरावल गइल। एह मौका पर संक्षिप्त भाषण देत टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रशेखरन कहलें कि ‘टाटा समूह हमेशा से जमशेदपुर के विकास के लेके संकल्पित रहल बा आ आवे वाला समय में भी एही संकल्प के संगे काम करत रही। ऊ इहो कहलें कि ऊ खुदे हरमेशा जमशेदपुर आइल पसंद करे लें आ संस्थापक दिवस पर अइला पर उनका दोबरी खुशी होला।

टाटा समूह आर्थिक चुनौतियन से समाज आ जमेशदपुर के संगे मिलके निपटी

संस्थापक दिवस के कार्यक्रम के दौरान जमेशदपुर में लोगन के संबोधित करत टाटा संस के चेयरमैन एन चंद्रश्खरन कहलें कि आर्थिक चुनौती जरूर बा, बाकिर समाज आ जमशेदपुर के संगे मिलके एह चुनौतियन से निपटे खातिर टाटा समूह जरूर तइयार बा आ एकरा खातिर कामो हो रहल बा। एह मौका  पर टाटा स्टील के एमडी के अलावा टाटा स्टील के पूर्व एमडी डॉ जेजे इरानी, डेजी इरानी, रुचि नरेंद्रन समेत अन्य लोग मौजूद रहे। ओहिजा एह कार्यक्रम के संचालन जुस्को के चीफ कॉरपोरेट अफेयर्स सुकन्या दास कइलीं।

Related posts

Leave a Comment

three + 19 =