सड़क दुर्घटना में घायल युवक के इलाज में देरी भइला पर परिजन कइले पीएचसी में तोड़फोड़

अस्पताल के टूटल इंट्री काउंटर

धर्मेंद्र कुमार पांडेय, भोजपुरी समय, पानापुर (सारण): प्रखंड मुख्यालय इस्थित प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में बीतल रात सड़क दुर्घटना में घायल युवक के इलाज करावे आइल कुछ युवकन के द्वारा अस्पताल के चिकित्सक आ हेल्थ मैनेजर के संगे मारपीट करत अस्पताल में तोड़ फोड़ कइला के घटना सामने आइल बा। मिलल जानकारी के मोताबिक  शुक्रवार के रात पानापुर-डुमरशन पथ के तुर्की गांव के लगे एगो सड़क दुर्घटना हो गइल रहे जवना में  रसौली गांव निवासी शंकर भगत नाम के युवक घायल हो गइले। घायल अवस्था में सड़क पर तड़प रहल युवक के देखके घटना स्थल के बगल के घर वाला लोग उठा के इलाज खातिर पीएचसी लेके  गइले। बाकिर ऊहां कवनो चिकित्सक मौजूद ना रहले। बाकि कुछ देर बाद सूचना मिलला पर हेल्थ मैनेजर अमीत कुमार आ दंत चिकित्सक डा० राजीव रंजन ऊहां पहुँचले, तब तक घायल के अस्पताल लेकर पहुँचल लोग आक्रोशित हो गइले। आ चिकित्सक के अस्पताल पहुँचते उनकर पिटाई शुरु कर दिहले। ओहिजा डाक्टर के संगे मौजूद हेल्थ मैनेजरो से बदसलूकी कइले। उपद्रवी परिजन एह दौरान अस्पताल के इंट्री काउंटर पर लागल शीशा आ इंट्री रजिस्टर आदि उपस्कर के तोड़-फोड़ करके क्षतिग्रस्त कर दिहले। जवना के बाद सूचना मिलला पर स्थानीय थाने के पुलिस के संगे-संगे डीएसपी इंद्रजीत बैठा अस्पताल पहुँचले आ मामला के जांच शुरु कर दिहले। डीएसपी बतवले कि घटना में संलिप्त युवकन के पहिचान क के उनका खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कर गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

Related posts

Leave a Comment

twelve − four =