कोरोना वायरस से बचाव आ जागरुकता खातिर सारण रोटरी कल्ब चलवलस जागरुकता रथ

भोजपुरी समय, छपराः दुनिया भर में तबाही मचा रहल कोरोना वायरस से बचाव के बारे में जागरुकता फइलावे के उद्देश्य से सरकार आ तमाम सरकारी आ गैर-सरकारी संस्था अपना अपना स्तर पर प्रयास कर रहल बाड़ी सं। अइसन में छपरा के रोटरी कल्ब भला कइसे पीछा रह सकत बा। छपरा शहर में लोगन के बीचे जागरुकता फइलावे खातिर आपन जागरुकता रथ छपरा के सड़कन पर उतरले बा। अइसने एगो रथ के छपरा के एसडीएम अभिलाषा शर्मा हरा झंड़ी देखा के रवाना कइली। एह अवसर पर रोटरी क्लब छपरा के तमाम पदाधिकारी भी मौजूद रहलें।

जागरुकता रथ के झंड़ा देखा के रवाना करत एसडीएम अभिलाषा शर्मा

Related posts

Leave a Comment

11 + seventeen =