थरिया आ ताली पीटके गृहमंत्री के रैली के विरोध कर रहल बा राजद

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र कुमार, पानापुर छपराः बिहार में चुनावी बिगुल फुंके के मंशा से आज केंद्रीय गृहमंत्री अमित शाह के वर्चुअल रैली आयोजित होखे जा रहल बा। एह रैली के बिहार में मुख्य विपक्षी दल राजद विरोध कर रहल बा। एह लोग के कहनाम बा कि केंद्र आ राज्य सरकार के जनविरोधी नीतियन के खिलाफ हमनी ई विरोध कर रहल बानी। एही क्रम में राजद के कार्यकर्ता जहां थरिया आ ताली पीटके एकर विरोध कइलस हऽ लोग। राजद हाइकमान के निर्देश पर राजद कार्यकर्ता अनिल यादव के नेतृत्व में प्रखंड के बिजौली गांव में थरिया पीटके गृहमंत्री के वर्चुअल रैली के विरोध खइले हं। एह मौका पर अशोक राय, रामजन्म राय, अर्जुन राय, पैक्स अध्यक्ष वीरेंद्र राय सहित दर्जनों राजद कार्यकर्ता भी उपस्थित रहले हं।

Related posts

Leave a Comment

1 + five =