जनता से लॉकडाउन आ कोरोना से लड़े में सरकार के सहयोग करे के अपील कइले संगम बाबा

भोजपुरी समय, ध्रमेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): एक ओर जहां केंद्र सरकार से लेके राज्य सरकार तक कोरोना वायरस से फइलल महामारी से लड़े के उपाय कर रहल बा ओहिजा बिहार के सारण प्रमंडल के छपरा जिला के इसुआपुर प्रखंड के मुखिया संघ के अध्यक्ष संगम बाबा जनता से एगो निहोरा कइले बाड़न। अपना निहोरा में संगम बाबा कहलें कि सरकार हरसंभव प्रयास कर रहल बिया कि जनता के जरुरी सामान के कमी ना होखे आ जे गरीब आ साधनविहिन बा ओकरा तक राशन-आ जरुरी सामान पहुंचावल जाव। बाकिर एगो एकेले सरकार आ पंचायत प्रतिनिधियन के प्रयास से ही सब कुछ सम्भव नइखे,एह काम में जनता के भी सहजोग चाहीं। अइसन समय में ई हमनी के कर्तव्य बनता कि हमनी आगे आके अइसन जरुरतमंद लोगन के मदद करीं। आगे जनता के आवाहन करत ऊ कहले कि आज हमनी सभ केहू शपथ लेवे कि अपना अगल-बगल अइसन गरीब-मजदूर परिवार के सदस्यन के मदद खातिर हमनी सभे आगे रहेब आ एह लोग के हरसंभव मदद करेब। एह मौका पर प्रखंड के दोकानदार लोग से मिहोरा करत संगम बाबा कहलें कि दोकनदार भाई लोग एह बिपत के समय में लोग के शोषण मत करे लोग आ कवनो भी सामान पर अधिका दाम जनता से ना लेके कोशिश करे लोग कि सामान उचित दाम पर ही बेचाव।

Related posts

Leave a Comment

thirteen + 8 =