नई दिल्ली
कोरोना वायरस के कारन लागू भइल लॉकडॉउन के कारन अगिला 14 अप्रैल ले घर से बाहर ना निकल सकेला। एह कारन सोशल मीडिया पऽ लोगन के लगातार माँग के देखत सरकार दूरदर्शन के राष्ट्रीय चैनल पऽ काल्ह 28 मार्च से फेर से प्रसारण करे के निर्णय ले ले बे।
सूचना अउरी प्रसारण मंत्री प्रकाश जावेडकर एह दिसाईं सूचना देत ट्वीट कइलें हँ कि रामानन्द सागर के बनावल रामायण के प्रसारण रोज दिन में दू बेर सबेरे 9 बजे अउरी रात में 9 बजे होई।
जनता की मांग पर कल शनिवार 28 मार्च से 'रामायण' का प्रसारण पुनः दूरदर्शन के नेशनल चैनल पर शुरू होगा। पहला एपिसोड सुबह 9.00 बजे और दूसरा एपिसोड रात 9.00 बजे होगा । @narendramodi
@PIBIndia@DDNational— Prakash Javadekar (@PrakashJavdekar) March 27, 2020