आज  समय के ई मांग बा कि हमनी अपना प्रियजन आ अगल-बगल के लोग के प्यार आ स्नेह दे के ओह लोगके मनमें खुशी के भाव भरल जाव-ओंकारेश्वर पांडेय, वरिष्ठ पत्रकार

वर्ल्ड हैप्पीनेस डे पर दिल्ली में भइल आयोजन

वर्ल्ड हैप्पीनेस डे पर दिल्ली  में आयोजित एगो कार्यक्रम में श्री उपाध्याय के डीगनीटी इंडिया एक्सीलेंस सम्मान से सम्मानित करत ओंकारेश्वल पांडेय आ डॉ. अरुण कुमार

भोजपुरी समय, शशि प्रकाश तिवारी, नई दिल्लीः आज के समय में जहां चारु ओर निराशा आ दुखे-दुख लउकता, अइसन में विश्व प्रसन्नता दिवस के मौका पर दिल्ली में एगो आयोजन कइल गइल जहां अलग अलग क्षेत्र के विशेषज्ञ आ प्रमुख लोग हिस्सा लिहल। वर्ल्ड हैप्पीनेस डे पर एह कार्यक्रम के आयोजन डीगनीटी इंडिया, आरोहन, डीएमए, डब्लूयूआरडीएफ, डीगनीटी केयर इंडिया आ फेडकॉट इंडिया आदि संस्था के संयुक्त तत्वाधान में भइल। एह आयोजन में कार्यक्रम के मुख्य अतिथि आ वरिष्ठ पत्रकार आ गोल्डेन सिग्नेचर्स अनुसंधान एवं परामर्श फर्म ओंकारेश्वर पांडेय कहलें कि आज  समय के ई मांग बा कि हमनी अपना प्रियजन आ अगल-बगल के लोग के प्यार आ स्नेह दे के ओह लोगके मनमें खुशी के भाव भरीं जा। आज जहां दुनिया के 165 प्रसन्न देशन के सर्वे में भारत के स्थान पर साल के 140 के मुकाबला अबकी 144 पर घसक गइल बा, ओहिजा तमाम तरह के राजनैतिक आ आर्थिक अस्थिरता के बादो पाकिस्तान के एह सर्वें में रैकिंग भारत से कहीं बेहतर बा। ओहिजा एह मौका पर विज्ञापन के दुनिया के प्रसिद्ध हिरोइन श्री उपाध्याय के डीगनीटी इंडिया एक्सीलेंस सम्मान से नवाजल गइल। सुश्री श्री उपाध्याय के ई सम्मान ओंकारेश्वर पांडेय, डॉ. अरुण कुमार चेयरमैम डीगनीटी इंडिया आ रानी पटेल प्रेसीडंट, आरोहन संस्था के द्वारा दिहल गइल। एह मौका पर श्री उपाध्याय कहलीं कि आज महिला लोगन के बीच खुशी पहुंचावे पर जोर देबे के जरुरत बा। ऊ एह कार्यक्रम में उनकरा के आमंत्रित करे खातिर कार्यक्रम के आयोजक लोग के धन्यवाद भी दिहली।

 

Related posts

Leave a Comment

three × 4 =