हिंदी पत्रकारिता में उत्कृष्ट योगदान खातिर प्रो. के. जी सुरेश के मिली गणेश शंकर विद्यार्थी पुरस्कार

हिंदी पत्रकारिता में उत्कृष्ट योगदान खातिर प्रो. के. जी सुरेश के मिली गणेश शंकर विद्यार्थी पुरस्कार

भोजपुरी समय, आर. पी. तिवारी, नई दिल्लीः पत्रकारिता में उत्कृष्ट जोगदान दिहला खातिर मानव संसाधन विकास मंत्रालय के अंतर्गत आवे वाला केंद्रीय हिंदी संस्थान, आगरा असों के गणेश शंकर विद्यार्थी पुरस्कार खातिर देश के वरिष्ठ पत्रकार आ भारतीय जनसंचार संस्थान नई दिल्ली के पूर्व महानिदेशक प्रो. के जी सुरेश के देवे के घोषणा कइले बा। जानकारी खातिर बता दिहीं कि ई पुरस्कार हर बरिस ईलेक्ट्रॉनिक मीडिया आ प्रिंट मीडिया खातिर देश के दूगो पत्रकारन के देबे ला। प्रो. सुरेश के ई पुरस्कार ईलेक्ट्रॉनिक मीडिया में हिंदी पत्रकारिता आ जनसंचार के क्षेत्र में अमूल्य योगदान खातिर दिहल जा रहल बा।

प्रो. सुरेश अबहीं पेट्रोलियम आ ऊर्जा अध्ययन, विश्वविद्यालय, देहरादून में आधुनिक मीडिया विभाग के संस्थापक डीन के रुप में कार्यरत बानी। एकरा से पहिले इहां के दूरदर्शन के वरिष्ठ सलाहकार आ भारतीय जनसंचार संस्थान नई दिल्ली के महानिदेशक के रुप में भी काम कर चूकल बाडें। एकरा से पहिले प्रो. सुरेश के बिजनेस वर्ल्ड संस्था के ओर से मीडिया शिक्षण में विजनरी लीडर, पीआरएसआई लीडरशीप अवार्ड आ संप्रदायिक सौहार्द खातिर ख्वाजा गरीब नवाज अवार्ड से भी सम्मानित कइल जा चूकल बा।

प्रो. सुरेश के पत्रकारिता के क्षेत्र में देश के एह प्रतिष्ठित पुरस्कार के रुप में पांच लाख रुपिया नगद, एगो शाल आ एगो प्रशस्ति पत्र मिली।

—-

आर.पी.तिवारी

Related posts

Leave a Comment

2 × 4 =