पोल्ट्री फार्मन के भी मिलो सरकारी अनुदान-राकेश कुमार, पोल्ट्री फार्म संचालक

मशरख प्रखंड के उत्क्रमित मध्य विद्यालय देवरिया के प्रांगण में बइठक करत क्षेत्र के पोल्ट्री फार्म संचालक

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरक (सारण): कोरोना वायरस के चलते जहां दुनिया भर में लोग के जीनगी खतरा में बा, ओहिजा देश-बिदेस में सभ तरे के व्यवसाय आ उद्योगन परभी असर पड़ रहल बा। अइसन में सबसे बेसी असर जवना उद्योग पर पड़ल बा, ऊ बा मुर्गीपालन उद्योग। आज छपरा के मशरख प्रखंड के उत्क्रमित मध्य विद्यालय देवरिया के प्रांगण में प्रखंड क्षेत्र के पोल्ट्री फार्म संचालकन के एगो बइठक भइल हऽ। एह बइठक के अध्यक्षता राकेश कुमार कइले हन। ओहिजा एह बइठक में मशरख प्रखंड समेत सिवान जिला के भगवानपुर आ लकड़ी नवीगंज के पोल्ट्री फार्म संचालक लोग उपस्थित रहल। एह मौका पर उपस्थित संचालकन के संबोधित करत राकेश कुमार कहलें कि कोरोना वायरस के असर से पोल्ट्री उद्योग चरमराए लागल बा। चिकन के बिक्री में 80 प्रतिशत तक कमी आवे से मुर्गी आ अंडा के कीमत में भारी गिरावट आ गइल बा। हालांकि एह बारे में स्वास्थ्य मंत्रालय एडवाइजरी जारी कऽ के चिकन आउर मांस खाए से कोरोना के फइले के संभावना से इनकार भी कइले बा। एकरा बावजूद लोग चिकन खाए से बांच रहल बाड़ें। जवना के सीधा असर पोल्ट्री कुटीर उद्योग पर पड़ रहल बा। एहसे चिकन बिकाइल लगभग बंद हो गइल बा। ओहिजा पोल्ट्री फार्म संचालकन के मुर्गियन के खोराक जइसे मकई, बाजरा आ अन्य सामान के भारी कीमत चुकावे के पड़ता। राकेश कुमार के मोताबिक गांव में शुरू भइल पोल्ट्री फार्मन के संचालक अधिकतर किसाने बा लोग। आ एह लोग के कोरोना वायरस से बेमारी के अफवाह से अब पोल्ट्री फार्म बंद करे के नौबत आ गइल बा। एकरा अलावा जहां पोल्ट्री फार्मन में मुर्गा राकल बा ऊहो मुर्गा कवनो भी दाम पर केहू नइखे किनत। एह सभ से पोल्ट्री फार्म के उद्योग में किसानन के भारी नोकसान हो रहल बा। ई सभ बात के धेयान में राखत ई बइठक में एक स्वर में सरकार से पोल्ट्री फॉर्म उद्योग के आर्थिक सहायता देवे के मांग कइल गइल। ओहिजा सभे प्रखंड प्रशासन आ थानाध्यक्ष से मिलके जिला में जिला के बाहर से मुर्गा सारण जिला में आवे से रोके के भी मांग कइलस। एह मौका पर राकेश मांझी, मृत्युजंय कुमार,मनबोध राय,मुकेश पांडेय, बबलू कुमार सिंह,शमशेर अंसारी,कमाल हसन समेत दू दर्जन से ज्यादा पोल्ट्री फार्म संचालक उपस्थित रहलें।

Related posts

Leave a Comment

one × two =