भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के प्रथम उपन्यासकार रामनाथ पांडेय के जयंती 8 जून से लेके पुण्यतिथि 16 जून तक सोशल मीडिया के माध्यम से कइगो आयोजन भइल हऽ। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के वाट्सएप ग्रुप पर देर रात तक कविता-कहानी, गीत-गजल के दौर चलल त ओहिजा फेसबुक पेज पर भी लाइव कार्यक्रम भइल।
सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु भूषण पांडेय बतवलन कि सारण भोजपुरिया समाज के द्वारा स्वर्गीय रामनाथ पाण्डेय के रतनपुरा स्थित निवास पर श्रद्धांजलि कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल। एह मौका पर सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु भूषण पांडेय, अध्यक्ष ज्वाला सिंह, महासचिव सत्य प्रकाश यादव, कला संस्कृति प्रभारी दिवाकर उपाध्याय, प्रशासनिक पदाधिकारी गणपति सिंह के अलावा लोकगायक शैलेश समदर्शी, धर्मेंद्र शर्मा, शशि शेखर पांडे, मुरली मनोहर पांडे, आलोक पांडे आदि लोग रामनाथ पांडेय के फोटो पर फूल आ हार चढ़ा के श्रद्धांजलि दिहल।