पुलिस के करनी से मुरझाइल चेहरन पर फइलल मुसुकी
नितिन अवस्थी, भोजपुरी समय, मिर्जापुर: माई विंध्यवासिनि के विन्ध्याचल मंदिर में दर्परपुलिस करे आइल दूगो भक्तन खातिर आज के दिन हरमेशा खातिर इयादगार हो गइल। दरअसल मंदिर परिसर में ड्यूटी पर तैनात पुलिस कांस्टेबल झम्मन लाल वर्मा कुछ अइसन कइले कि उहां मौजूद दर्शनार्थीयन के मुरझाइल चेहरन पर मुस्कान नाच उठल। जेकर सभे मुक्त कंठ से सराहना भी कइलस।
सिपाही के कारण मिलल रुपिया से भरल भुलाइल पर्स

पुर्णिमा के अवसर पर माई विंध्यवासिनी मंदिर में भक्तन के भारी भीड़ जुटल रहल हऽ। एह दौरान ड्यूटी पर तैनात झम्मन लाल वर्मा
के मंदिर परिसर में एक जगहा एगो पर्स आ दूसरा जगहा एक हजार रूपया गिरल मिलल। जब झम्मन लाल पर्स के खोल के देखलें त ओह मेंं कुछ कागजात आ 16 सौ रुपिया रहे। एकरा बाद कागजात पर लिखल नंबरन पर संपर्क करके भदोही जनपद के दर्शनार्थी काशीनाथ पाल पुत्र आदित्य पाल के मय रुपिया आ कागजात के पर्स लवटावल गइल। ओहिजा एक हजार रुपिया के संबंध में पूछताछ कइला पर ऊ एगो आउर दर्शनार्थी दीना सेठ पुत्र गौरीशंकर निवासी 3/9 प्रीतनगर थाना चोपन जनपद सोनभद्र के निकलल जवन जरुरी जानकारी आ निशानदेही के बाद उनकरा के संउप दिहल गइल। आपन भुलाइल कागजात आ रुपिया के दोबारा पा के दुनु दर्शनार्थी बहुते खुश हो गइले आ कांस्टेबल के अनेकानेक आशीर्वाद देके धन्यवाद दिहले। ओहिजा स्थानीय नागरिकों लोग आ आम दर्शनार्थी भी कांस्टेबल के ईमानदारी के सराहना कइलें।