मशरख में पुलिस द्वारा मुख्य बाजार में वाहन चैकिंग अभियान से बड़ दुर्घटना के आंशका, चैकिंग के कारण दोकानदारन के बिक्री भइल ठप

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय,(मशरख) छपराः बाकिर बिहार के छपरा जिला के मशरख थाना क्षेत्र के व्यापारी लोग के अबहीं असन कवनो संभआवना नइखे लउकत। एकर कारण बा मशरख थाना पुलिस द्वारा बाजार क्षेत्र के महावीर चौक पर रोज चल रहल वाहन चैकिंग अभियान। एह अभियान के कारण इहां कब्बो कवनो बड़ सड़क दुघर्टना होखे के आंशका बनल बा। जहां पुलिस चैकिंग से आवे जाए वाला लोग के परेशानी हो रहल बा ओहिजा एह दैरान सड़क पर लागे वाला जाम के कारण चैकिंग स्थल के नियरा के दोकानन में ग्राहक के आवाजाही में दिक्कत हो रहल बा जवना से कि दोकानदारी पर असर पड़ रहल बा। दरअसल ई चैकिंग जहां हो रहल बा ओह जगहा से दू गो हाइवे गुजर रहल बा आ ई क्षेत्र बीच बाजार में बा जहां बस स्टैंड के लगे तिराहा पर रोजाना लगभग आधा दर्जन पुलिस के जवान चैकिंग अभियान चला रहल बाडें। एह संबंध में स्थानीय दुकानदारन के कहनाम बा कि अभहीं थानाध्यक्ष छुट्टी पर बानी बाकि जइसहीं ऊ छुट्टी से लवटेम हमनी ईहां से मिल के एह समस्या के थानाध्यक्ष महोदय के सोझा राखेब आ एकरा से निजात दिलवावे के निहोरा करेब।

Related posts

Leave a Comment

four × 1 =