
भोजपुरी समय,शशि प्रकाश, छपराः पुलिस कप्तान हर किशोर राय के निर्देश पर छपरा पुलिस आज जिला में कई जगहा छापामारप क के पच्चीसगो शराब के भट्ठी के ध्वस्त कइला के संगे-संगे लगभग 4हजार लीटर महुआ के पासा के भी नष्ट कइले बा। एकरा अलावा 11गो धंधाबाजन के गिरफ्तारी के संगे-संगे डेढ़ सौ लीटर से बेसी देसी शराब भी तइयार रुप में बरामद भइल बा।
मीडिया से बातचीत में एसपी हर किशोर राय बतवलें कि नगर थाना, मुफस्सिल थाना, भगवान बाजार थाना, रिविलगंज, खैरा, मढौरा, आ अमनौर थाना के दियरा आ चंवर में देशी चुलाई शराब के खिलाफ यघन कार्रवाई कइल गइल बा।
एह कार्रवाई में 25गो शराब भट्ठी के ध्वस्त करत 4 हजार लीटर महुआ पासा के नष्ट कइल गइल बा। ओहिजा डेढ़ सौ लीटर बनल देशी शराब के भी बरामदगी भइल बा आ पुलिस के हाथे 11 गो धंधाबाज भी आइल बाड़ें।