पोखरा में डूबे से मजदूर युवक के भइल मौत

पोखरा में डूबे से मजदूर युवक के भइल मौत

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पांडेय, मशरख(सारण): छपरा के मशरख प्रखंड में घर बनावे में मजदूरी करे वाला एगो मजदूर के पोखरा में डूबला के कारण मौत हो गइल। मृतक युवक तीन भाइयन में सबसे बड़ रहल जबकि ओकरा एगो बहिन के बियाह हो चूकल बा। ओहिजडा एही साल मई में मृतक युवक के बियाह मशरख दक्षिण टोला गांव में होखे वाल रहल हऽ। मृतक एगो राजमिस्त्री के संगे मजदूर के काम करत रहल हऽ आ बेहद ही गरीब रहल ह屧ऽ। मजदूर के पोखरा में डूबे से मौत के ई घटना सोमवार के दूपहरिया में घटित भइल। प्राप्त जानकारी के मोताबिक मरे वाला मजदूर मशरख थाना क्षेत्र के मदारपुर पंचायत के सनकौली गांव के सिपाही राय के इक्कीस बरिस के बेटा चंदन कुमार राय रहलें। गांव वालन के मोताबिक मृतक चंदन घोघिया दक्षिण टोला के सरकारी इस्कूल के लगे बन रहल घर में दोसरा गांव से आके मजदूरी करत रहल हऽ। चंदन काम के दौरान ही शौच करे खातिर गांव के बहरी स्थित पोखरा पर गइल रहलें, ओहिजा नहाए खातिर पोखरा में चल गइलें। एह दौरान पोखरा के गहराई के अंदाजा ना भइला के कारणे ऊ गहिरा पानी में डूब गइलें। एह दौरान युवक के पानी में डूबत देखके ओहिजा नहाए वाला आउर लइकन के चिलइला के बाद गांव के लोग पोखरा पर पहूंचल तब तक चंदन गहिरा पानी में डूब चूकल रहलें। एकरा बाद गांव वाला लोग मशरख थाना पुलिस के सूचना दिहल जवना के बाद मौका पर पहुंचल सीओ ललित कुमार सिंह, थानाध्यक्ष रत्नेश कुमार वर्मा आ एमओ अमरेन्द्र कुमार सिंह गांव वालन आ पूर्व मुखिया अरविंद त्रिपाठी के सहयोग से मछुआरन के महाजाल के संगे बोलवा के डूबल युवक की खोजबीन शुरू करावल लोग। मछुआरन के द्वारा दू घंटा के खोजबीन के बाद युवक के शव के खोज निकालल गइल। जवना के बाद पुलिस युवक के शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेज दिहले बा। एह घटना के बाद मृतक के परिवार पर दुख के पहाड़ टूट पड़ल बा। मौका पर पहुंचल प्रखंड प्रमुख जितेन्द्र राय बतवलें कि मृतक उनका पड़ोसी गांव के रहे वाला रहल हऽ आ कवनो तरह राजमिस्त्री के संगे मजदूर के काम कऽ के परिवारजन के पेट पालत रहल हऽ। मौका पर सीओ ललित कुमार सिंह बतवले कि शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा आ मृतक के परिजन लोग के बिहार सरकार के तरफ से नियमानुसार मुवाअजा दिवावल जाई।

Related posts

Leave a Comment

two + five =