पीएम मोदी जनता से कहलें “प्रोपेगेंडा-अफवाह से बचे जनता”

पीएम मोदी कोरोना वॉरियर्स के इयाद करत भइलें भावुक, जनता से कहलें “प्रोपेगेंडा-अफवाह से बचे जनता”

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः कोरोना टीकाकरण अभियान के शुरुआत करत प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी देश के नांवे अपना संबोधन के दौरान ओह स्वास्थ्यकर्मियन के इयाद करत भावुक हो गइले, जे कोविड संक्रमण के चपेट में आके कबो घरे ना लवट पवले। प्रधानमंत्री दिवंगत स्वास्थ्यकर्मियन के इयाद करत अपना संबोधन में कहले कि, ‘हमनी के सैंकड़ों साथी अइसनो बाड़े, जे लवट के घर ना आ पवले।

प्रधानमंत्री अपना संबोधन में आगे कहलें कि, हमनी के डॉक्टर, पुलिस के साथी, आ आउरी दूसर फ्रंटलाइन वर्कर्स मानवता के प्रति अपना दायित्व के प्राथमिकता दिहले। एह लोग में से अधिकतर अपना लइकन आ परिवार से दूर रहले। कई-कई दिन तक घरे ना गइले। सैंकड़ों साथी अइसन बाड़े, जे कबो घरे वापस लवट के नाहीं आ पवले। ऊ एक-एक जिनगी के बचावे खातिर आपन जिनगी के स्वाहा कर दिहले। पीएम मोदी कहले कि, एही से आज कोरोना के पहिला टीका, स्वास्थ्य सेवा से जुड़ल लोगन के लगाके एक तरह से समाज, अपना ऋण चुका रहल बा। ई टीका ओह सभ साथियन के प्रति कृतज्ञ राष्ट्र के आदरांजलि बा।

Related posts

Leave a Comment

one × 2 =