पीएम मोदी कइले कोरोना वैक्सीनेशन अभियान के शुरुआत

राम प्रकाश तिवारी, भोजपुरी समय, नई दिल्लीः देश में आज कोरोना वायरस के खिलाफ वैक्सीनेशन अभियान के शुरुआत हो गइल। देश में टीकाकरण के शुरुआत से पहिले प्रधानमंत्री मोदी देशवासियन के संबोधित कइले। अपना संबोधन में ऊ कहलें कि वैक्सीन लगवला के बादो कवनो तरे के लापरवाही नइखे बरते के। पीएम मोदी लोग से अपील कइले बाड़े कि सभे लोग वैक्सीनेशन के दौरान कोरोना प्रोटोकॉल के पालन करस। ऊ कहले कि, “भारत चौबीसों घंटा सतर्क रहल, हमनी सही समय पर सही फैसला कइनी।”

एकरा से पहिले प्रधानमंत्री कहनी कि भारत एह महामारी से जवना तरे मुकाबला कइले बा ओकर लोहा आज पूरा दुनिया मान रहल बा। केंद्र आउर राज्य सरकार, स्थानीय निकाय, सभ सरकारी संस्थान, सामाजिक संस्थान, कइसे एकजुट होके बेहतर काम कर सकेला, इहो उदाहरण भारत दुनिया के सोझा रखले बा। ओहिजा एह वैक्सिन के पहिला टीका नई दिल्ली स्थित एम्स अस्पताल के कर्मचारी मनीष के लागल।

Related posts

Leave a Comment

3 × 2 =