पीएम के संसदीय क्षेत्र से मध्य प्रदेश के श्रमिक पैदले निकलले  

पीएम के संसदीय क्षेत्र से मध्य प्रदेश के श्रमिक पैदले निकलले

भोजपुरी समय,नितिन अवस्थी,मीर्जापुरः कोरोना वायरस से संक्रमण फइलले से बचाव के कारण पूरा देश के संगे संगे वाराणसी में भी लॉकडाउन हो गइल बा। अइसने में इहंवा से लगभग डेढ़सो किलोमीटर दूर मध्य प्रदेश के रीवा जिला के हनुमना के रहे वाला मजदूरन के जब वाराणसी में भी एक महीना के बंदी के जानकारी लागल त ऊ लोग भी इहंवा से अपना अपना घर के ओर प्रस्थान कर गइल लोग। लॉकडाउन के चलते काम बन्द होखे के बाद खाए के समस्या सोझा अइला के बाद ई मजदूर लोग अपना घर कीयोर रवाना हो गइलें। गौरतलब बा कि एह दौरान लॉकडाउन के चलते एह मजदूर लोग के परिवार के कवनो गाड़ी ना मिलला से ए लोग के पैदले अपना घर खातिर पीएम मोदी के लोकसभा क्षेत्र से निकले के पड़ल। खबर लिखाए तक करीब 25 लोगन के ई जत्था दू दिन में लगभग आधा रास्ता तय कऽ के आज मीरजापुर पहुंचल। इहंवा से हनुमना के दूरी करीब सत्तर किमी बा। लइकन के संगे निकलल दल जब मीर्जापुर के रींवा रोड पर पहुंचल त कुछ लोग एह लोग के बारे में जानकारी लिहलें आ बचवन खातिर भोजन के व्यवस्था कइलें।हालांकि बाजार बंद होखे के कारण ई मजदूर लोग जगह-जगह लागल हैण्डपम्पन के लगे सुस्ताए खातिर रोकत बाड़न आ खाली पानी पी-पी के चल रहल बाडें।

Related posts

Leave a Comment

12 + five =