पंचायत स्तर पर कोरोना से जंग लडे के तइयारी शुरु- इसुआपुर मुखिया संगम बाबा

बिहार सरकार के मुख्य सचिव के निर्देश पंचायत प्रतिनिधियन आ पंचायतकर्मियों के संगे छोट-छोट समुह में इसुआपुर प्रखंड मुखिया संघ के अध्यक्ष कइले बइठक आयोजित

भोजपुरी समय, ध्रमेंद्र पांडेय,इसुआपुर(सारण): बिहार सरकार के मुख्य सचिव के द्वारा कोरोना वायरस के लेके 25 मार्च के विडियो कांफ्रेंस में दिहल गइल निर्देशन के अनुसार ग्राम पंचायत स्तर पर इसुआपुर प्रखंड मुखिया संघ के अध्यक्ष संगम बाबा के अध्यक्षता में एगो बइठक आयोजित कइल गइल। एह बइठक में डटरापुरसौली व सहवाँ पंचायतन के ग्राम पंचायत सदस्य आ ग्राम कचहरी के सरपंच, पंच सदस्य आ पंचायत कर्मियन में आशा कार्यकर्ता, आंगनबाङी सेविका, सहायिका, जनवितरण प्रणाली के दोकानदार आ पंचायत शिक्षक मौजूद रहलें। बैठक में मुख्य रुप से मुखिया संगम बाबा कहलें कि वार्ड स्तर पर देश-विदेस से आवे वाला लोगन पर सभे नजर राखी आ अइसन लोग के सबसे पहिले चिन्हा लगा के मेडिकल चेक-अप करावल जाई। एकरा अलावा अगर कवनो व्यक्ति में कोरोना संक्रमण के लक्षण पावल जाता त सन व्यकति के अपना घर के ही कवनो एगो कमरा में 14 दिनों तक परिवार के सदस्यन से दुरी बनाके अकेला राखल जाई। एकरा अलावा संक्रमित व्यक्ति के घर के दुआरी पर एगो मेडिकल पम्पलेट भी साटल जाई। सरकार द्वारा निर्धारित मेडिकल टीम रोज संक्रमित व्यक्ति के जाँच कऽ के  एही पम्पलेट पर अपना दैनिक रिपोर्ट दर्ज करी। एकरा अलावा संगम बाबा बतवलें कि सोसल साईट फेसबुक-व्हाट्सअप के सक्रिय आ जागरुक लोग आम लोग के सही जानकारी देस आउर लॉकडाउन के नियमन के पालन करावे खातिर जनता के प्रेरित करे के काम करीहें, जवना से कि लोग घर से बहरी ना निकलस। आ अगर केहू भी परिवार चाहे केहू व्यक्ति लॉकडाउन के नियमन के पालन नइखे करत त अइसन लोग के संगे पंचायत सख्ती से पेश आई आ एह लोग पर त्वरित कानूनी कारवाई के प्रक्रिया होखी। एह बइठक में मुखिया संगम बाबा के अलावा सरपंच झुलन राय, छठिलाल साह, मंजू कुँवर, नईमा खातुन, मीरा यादव, मुन्नी देवी, शल्या खातुन, रसीदा खातुन, गिरजा देवी, आरती देवी के संगे डटरापुरसौली आ सहवाँ पंचायत के दर्जनों पंचायतकर्मी आ पंचायत प्रतिनिधि उपस्थित रहलें।

Related posts

Leave a Comment

17 − five =