रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर ऑनलाइन कवि सम्मेलन में बहल काव्य रसधार

भोजपुरी समय, धर्मेंद्र पाण्डेय, छपराः भोजपुरी के पहला उपन्यासकार आ सुप्रसिद्धभोजपुरी साहित्यकार स्वर्गीय रामनाथ पांडेय के पुण्यतिथि पर सारण भोजपुरिया समाज के संगे-संगे भोजपुरी भाषा के सेवा में लागल तमाम संस्था अपना अपना स्तर पर ऑनलाइन कार्यक्रम के आयोजन कइली सं। एही क्रम में सारण भोजपुरिया समाज के संस्थापक बिमलेंदु पांडेय बतवनी कि संस्था के द्वारा रामनाथ पांडेयजी के निवास स्थान पर एगो श्रद्धांजलि सभा के आयोजन कइल गइल रहल हऽ जहां श्रद्धांजलि दिहला के बाद पांडेयजी के निवास स्थान से दिवाकर उपाध्याय आ लोकगायक शैलेश समदर्शी अपना निर्गुण गीतन के संगे सारण भोजपुरिया समाज के फेसबुक पेज से लाइव कार्यक्रम प्रस्तुत कइल लोग। एकरा अलावा सारण भोजपुरिया समाज के व्हाट्सएप ग्रुप में तीन  दिन के ऑनलाइन कवि सम्मेलन के आयोजन कइल गइल। ई सम्मेलन जहां पहिला दिने डॉ. विनोद मिश्र कैमुरी के अध्यक्षता में भइल त ओहिजा धन्यवाद ज्ञापन सारण भोजपुरिया समाज के प्रशासनिक पदाधिकारी आ वरिष्ठ सवांग गणपति सिंह कइनीं। एही क्रम में दूसरा दिने साभोस के वरिष्ठ सदस्य आ सुप्रसिद्ध कवि अमरेंद्र सिंह “आरा” के अध्यक्षता में दिवाकर उपाध्याय के द्वारा धन्यवाद ज्ञापन के संगे भइल। त ओहिजा एह सम्मेलन के अंतिम दिन सुप्रसिद्ध लोकगायक, कवि, गीतकार आ भोजपुरी भाषा मर्मज्ञ सुभाष पांडे गोपालगंज के अध्यक्षता में कवि सम्मेलन के आयोजन कइल गइल जहां वाराणसी के डॉ. मधुबाला सिन्हा धन्यवाद ज्ञापन कइलीं। एह तीनो दिन के कार्यक्रम में नई दिल्ली से संचालक के भूमिका के निर्वाह कवि आ वरिष्ठ पत्रकार राम प्रकाश तिवारी द्वारा कइल गइल। एह कार्यक्रम में संस्था के संरक्षक सुरेश कुमार मुंबई, सलाहकार सतीश कुमार त्रिपाठी, वरिष्ठ सदस्य बृजमोहन उपाध्याय, डॉ. सुनील उपाध्याय, विश्वेश्वर नाथ तिवारी, पूनम आनंद, डॉ. श्याम कुंवर भारती, अरविन्द श्रीवास्तव, प्रसिद्ध भोजपुरी गजल गायक आ संगीतकार रविस कुमार शानू, लोकगायिका प्रीति कुशवाहा, योगगुरु शशि प्रकाश तिवारी, प्रचार मंत्री रामेश्वर गोप के अलावा मणीबेन द्विवेदी, आशा सिंह सहित कइगो साहित्यकार आ भोजपुरी प्रेमी लोग भाग लिहलें।

Related posts

Leave a Comment

seventeen − ten =